कालिकामाई के माध्यमिक विद्यालयसब के प्लस २ बनावे खातिर ज्ञापन बुझावल गईल
वीरगंज ०३ फागुन
पर्सा जिल्ला के कालिकामाई गाँवपालिका वार्ड नं. १ स्थित श्री जनता माध्यमिक विद्यालय मुडली आ वार्ड नं. २ स्थित श्री सुकई साह माध्यमिक विद्यालय भेडिहारी के प्लस २ बनावे के माग करत आजु स्थानियलोग गाँवपालिका कार्यालय मे ज्ञापन पत्र बुझवले बाडन ।
ब्रिलिएन्ट युवा क्लब भेडिहारी के नेतृत्व मे गाँव कार्यपालिका के कार्यालय हरिहपुर पुगल स्थानियलोग के एक समुह गाँवपालिका अन्तर्गत के दु गो माध्यमिक विद्यालय के प्लस २ बनावेके लगायत के ४ बुंदे माग राखत ज्ञापन पत्र बुझवले बा ।
गाँवपालिका मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत जयचन्द्र साह से भेट ना भईला के बाद प्रशासन शाखा प्रमुख राजु अधिकारी के ज्ञापन पत्र बुझावल गईल स्थानिय इब्राहिम राउत गद्दी बतवनी ।
बितल २ बरीस पहिले से स्थानिय गैर सरकारी संस्था ब्रिलिएन्ट युवा क्लब के अगुवाई मे माध्यमिक विद्यालयसब मे किलास ११ आ १२ थप करे खातिर संघर्ष समिति हि बनाके संघर्ष करत अईला पर भी अभी तक पालिका से निर्णय करके सम्बन्धित निकाय मे सिफारिस ना कईला के चलते आजु फेनु ज्ञापन पत्र बुझावल गईल संघर्ष समिती के सदस्य भी रहल गद्दी बतवनी ।
एकरा साथे श्री नेपाल राष्ट्रिय निम्न माध्यमिक विद्यालय कट्टी बलुवा के माध्यमिक विद्यालय बनावेके, श्री नेपाल राष्ट्रिय प्राथमिक विद्यालय गदियानी बन्द रहला मे फेनु संचालन करेके, कालिकामाई गाँवपालिका के शिक्षा के गुणस्तरिय बनावे खातिर विद्यालय मे जरुरी शैक्षिक सामान, भौतिक संरचना निमार्ण करके ब्यवस्थापन मे जोड देवेके ४ गो मांग राख के ज्ञापन पत्र बुझावल गईल ब्रिलिएन्ट युवा क्लब के कोषाध्यक्ष सदाम हुसेन जानकारी देहनी ।
ज्ञापन पत्र बुझत प्रशासन शाखा प्रमुख अधिकारी ज्ञापन पत्र कार्यपालिका मे पेश करेके बतवनी । ब्रिलिएन्ट युवा क्लब के अध्यक्ष छठु साह के नेतृत्व मे दर्जनो स्थानिय गाँववासीलोग ज्ञापन पत्र बुझावे खातिर गाँवपालिका के कार्यालय पुगल रहलन ।
सम्बन्धित वार्ड अध्यक्षलोग विद्यालय के प्लस २ बनावे खातिर सिफारिस भी कईला पर भी अभी तक गाँव कार्यपालिका से निर्णय होखे ना सकला पर माध्यमिक विद्यालयसब के प्लस २ मे स्तरोनन्ती होखे सकल नइखे ।
गाँवपालिका भर मे एगो मात्र बिरन्चीबर्वास्थित कन्या मावि मे प्लस २ संचालन होत आईल बा ।






