रौतहट के बौधिमाई न.पा. मे मन्त्री साह के करिया झण्डा देखावल गईल

मेवालाल यादव
रौतहट ०८ फागुन
रौतहट जिल्ला के बौधिमाई नगरपालिका–८ सरमुज्वा मे कथित बिकास पुरुष तथा सहरी बिकास मन्त्री प्रभु शाह आजु से नव महिना पहिले क्वरेन्टाईम उदघाटन भईल भवन के निर्लजात पुर्ण ६ गते बितला पर भी हजारो हजार जनता करिया झण्डा देखाके स्वागत कईला पर भी दोसर रास्ता से आके भवन के उदघाटन कईले बाडन ।
दुबारा उदघाटन करे लागल सहरी बिकास मन्त्री के आजु जसपाद्वारा करिया झण्डा देखवले बाडन । रौतहट जिल्ला के बौधिमाइ नगरपालिका वार्ड न.८ सरमुज्वा मे खुद के बिकास प्रेमी कहाएवाला रौतहट क्षेत्र नं. ३ के सहरी बिकास मन्त्री प्रभु शाह के बौधिमाई नगरपालिका मे जसपा के युवा नेता मो. सकिल अकतर, नरेन्द्र कुशवाहाद्वारा बिरोध एवं जनसमुदाय से करिया झण्डा देखवले बा । बौधिमाई नगरपालिका के नगर प्रमुख, उप–प्रमुख आ उहे नगरपालिका के वार्ड अध्यक्ष के जानकारी ना कराके पुलीस आ पावर के दम से आईल स्थानियवासी जनवले बाडन ।
संविधान हत्यारा केपी ओली सरकार के सहरी बिकाश मन्त्री प्रभु शाह बौधिमाइ नगरपालिका वार्ड न.८ सरमुज्वा मे स्वास्थ्य चौकी उदघाटन करेके खोजला पर उहाँ के स्थानीय, जनप्रतिनिधि, समाजसेवी जागरुक युवालोग द्वारा बिरोध एवम करिया झन्डा देखावल गईल बा ।
बौधिमाई नगरपालिका–८ सरमुज्वा मे रहल स्वास्थ्य चौकी मे डाक्टर के कमी भईला पर भी डाक्टर के नियुक्ती हि ना करके उहाँ के स्थानीय सरकार के भी जानकारी ना कराके कार्जक्रम करेके खोजला पर बिरोध जनावल मो. सकिल अकतर बतवनी ।






