अन्तर्राष्ट्रिय मातृ भाषा दिवस मे कवि सम्मेलन आ समान कार्जक्रम

प्रभु यादव

बारा ०८ फागुन

बारा के कलैया मे अन्तर्राष्ट्रिय मातृ भाषा दिवस के पूर्व सन्धया मे कवि सम्मेलन आ सामान कार्जक्रम पुरा भईल बा ।

कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि प्रमोद कुमार पाण्डे घर के लईकालईकी से बात करे मे भोजपुरी मे बोलल छोडला से पछाडी परल जारहल जनकारी करावले बानी । भोजपुरी बोल के बजार मे समान के मोल पुछला पर भारत के भईल बेसी पईसा लेवे के कोसिस कईल जाला जवन भवना के हटावे के व्यापारी लोग से निहोरा प्रमुख अतिथि कईनी ।

मछर के आतंक से हरान रहेला लोग जवना के बखान करत प्रमुख अतिथि पाण्डे पचिसा सुनावले रहनी । वियाह के वाद लडकी के विदाई होखेला ओ समय मे लडकी आ माई के भुमिका कईसन रहेला जवना के सुनावत रहनी ओ समय सहभागी लोग पेट मे गुदगुदी लगा के सुनले रहलन ।

नेपाल भोजपुरी प्रतिष्ठान के आयोजना मे भइल कवि सम्मेलन मे जगबहादुर यादव मधेश उरवर भुमि जाहाँ नेपाल देव भुमि कहाला धार्मिक आ प्राकृतिक भुमि के सन्देश देहत कविता से शुभकामना देहले रहनी ।

रमेश कुशवाहा, धनिलाल साह, सुरेन्द्र गिरी, महन्थ यादव, अरूण कुमार ओझा, दिपनारायण साह आ लामठेली कवि चन्द्रप्रकाश सुवेदी कविता के माध्यम से चेतना बढावे के काम कईले रहल ।

कार्जक्रम मे भोजपुरी उथान करेला योग्दान करेवाला प्रमुख अतिथि प्रमोद पाण्डे, विनोद साह, संंस्कार एफएम के प्रबन्ध निर्देशक अनिल कुमार गौरव, भोला पौडेल, भोजपुरी टाइम्स दैनिक के प्रभु यादव, कवित्री पुन्म पाण्डे आ लामठेली कवि चन्द्रप्रकास सुवेदी के समान कईले रहलन ।

नेपाल भोजपुरी प्रतिष्ठान बारा के अध्यक्ष रामप्रसाद साह के सभापतित्व भईल कार्जक्रम के संचालन सन्जु बाबा मोची कईले रहलन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।