बारा के कोरोना संक्रमित के वीरगंज मे मृत्यु

वीरगंज १० बैशाख

वीरगंज मे बारा के एक कोरोना संक्रमित के मृत्यु भईल बा । बारा के जीतपुसिमरा उपमहानगरपालिका–७ रहेवाला ४० बरीस के पुरूष के मृत्यु भईल बा ।

नारायणी अस्पताल स्थित आइसोलेसन वार्ड मे ईलाज के समय मे दुपहरिया साँढे ४ बजे उनकर मृत्यु भईल कोभिड संयोजक डाक्टर सरोज रोशन दास जानकारी देहनी । स्वास प्रस्वास मे देखल गईल समस्या जटिल भईला के बाद उनका के भेन्टिलेटर मे राखल गईल रहे ।

स्वास्थ्य मे समस्या भईला के बाद बैशाख ६ गते उनका के ईलाज के खातिर नारायणी अस्पताल मे लियावल गईल रहे । नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला मे कईल परीक्षण के समय मे बैशाख ८ गते उनका कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।