वीरगंज मे ६ जने संक्रमित के मृत्यु, १३८ जने नयाँ संक्रमित थपईलें

वीरगंज २३ बैशाख

वीरगंज मे आउर ६ जने सक्रमित के ईलाज के समय मे मृत्यु भईल बा । नारायणी अस्पताल मे बितल रात एक जने आ आजु पाँच जने के मृत्यु भईल अस्पताल के प्रवक्ता डा सरोजरोशन दास बतवनी ।

मृत्यु होखेवाला मे वीरगंज–४ बिर्ता के ७० बरीस के आ रौतहट, गौर नगरपालिका–२ के ५४ बरीस के पुरुष रहल बाडन । वैशाख १९ गते भर्ना भईल वीरगंज के संक्रमित बुध के रात ११ः३५ बजे श्वासप्रश्वास मे समस्या भईला के बाद मृत्यु भईल रहे आ वैशाख २१ गते भर्ना भईल गौर के संक्रमित के आजु सबेरे ५ बजे मृत्यु भईल अस्पताल के प्रवक्ता डा. दास जानकारी देहनी ।

अस्पताल आईल दिन दुनु मरेजी एन्टिजेन परीक्षण से संक्रमण पुष्टि भईल रहे । कोभिड निमोनिया के चलते दुनु के फोक्सो काम कईल छोडला के बाद देह मे अक्सिजन के मात्रा कायम होखे ना सकला पर दुनु जने के मृत्यु भईल अस्पताल के कोभिड फोकल पर्सन डा. दास बतवनी ।

एहितरे, रौतहट, फत्तेपुर–६ के ६० बरीस के जनानी के आजु सबेरे सवा ११ बजे निधन भईल बा । काल्हु उ भर्ना भईल रहनी । एन्टिजेन से उ संक्रमित पुष्टि भईल रहनी । दुनु के मृत्यु कोभिड निमोनिया के चलते दुनु फोक्सो खराब होके श्वासप्रश्वास मे समस्या भईल जनावल गईल बा । एहितरे पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका के ५५ बरीस के पुरुष के साढे ११ बजे मृत्यु भईल बा ।

वैशाख १५ गते अस्पताल भर्ना भईल उनका एन्टिजेन से संक्रमण पुष्टि भईला के बाद अस्पताल भर्ना कईल रहे । बहुदरमाई नगरपालिका–२ विश्रामपुर निवासी ४६ बरीस के जनानी के बियफे के दिने पौने ५ बजे निधन भईल बा । एन्टिजेन से संक्रमित देखल गईला के बाद उ काल्हु अस्पताल भर्ना भईल रहनी ।

एकरा सँगे नारायणी अस्पताल मे मृत्यु होखेवाला के संख्या ३७ पुगल बा आ वीरगंज के अनेकन अस्पताल मे मृत्यु होखेवाला के संख्या ४८ पुगल बा । नारायणी वयोधा अस्पताल, नेशनल मेडिकल कलेज के कोरोना विशेष अस्पताल आ वीरगंज हेल्थकेयर मे मृत्यु भईल बा ।

नारायणी मे मृत्यु होखेवाला ३७ जने मेसे २४ जने पर्सा के, बारा के ६, रौतहट के पाँच आ सर्लाही के दु जने बाडन ।

आउर १३८ जने मे संक्रमण पुष्टि

वीरगंज मे पिछिलका २४ घण्टा मे आउर १३८ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । जउना मे ४३ जने जनानी आ ९६ जने पुरुष मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल नारायणी अस्पताल के पीसीआर प्रयोगशाला जनवले बा । प्रयोगशाला मे बुध के १९२ जने के पीसीआर आ एन्टिजिन विधि से परीक्षण कईल रहे । संक्रमित होखेवाला ९ से ८२ बरीस उमिर तक के बाडन । संक्रमित मेसे पर्सा के १०७ जने, बारा के २१ जने, ३ जने सर्लाही, रौतहट के ४ जने, १ जने गर्दौल, २ जने महोत्तरी के रहल प्रयोगशाला जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।