धनुषा मे फेनु १० दिन निषेधाज्ञा थप

धनुषा, ३१ वैशाख

धनुषा मे आजु से फेनु १० दिन निषेधाज्ञा थप कईल बा । आजु वैशाख ३१ गते रात १२ बजे से जेठ १० गते रात १२ बजे तक के खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय धनुषा निषेधाज्ञा थप भईल सूचना जारी कईले बा ।

प्रमुख जिल्ला अधिकारी बन्धुप्रसाद बास्तोला एक सूचना जारी करत जेठ १० गते तक के खातिर निषेधाज्ञा थप कईल जानकारी करवले बानी । कोरोना के दुसरका लहर मे बितल इहे वैशाख २१ गते से सबेरे वैशाख ३१ गते रात १२ बजे तक के खातिर जारी कईल निषेधाज्ञा के समय आजु रात ओराए लागला के बाद निषेधाज्ञा के समय थप कईल बा ।

पहिलका चरण के निषेधाज्ञा ओराए से पहिले फेनु प्रशासन १० दिन निषेधाज्ञा थप कईले बा । निषेधाज्ञा समय मे बहुते जरुरी बाहेक घर से ना निकले खातिर प्रशासन निहोरा कईले बा ।

इद के सार्वजनिक छुटी

प्रदेश २ मे आजु सार्वजनिक छुटी घोषणा कईल रहे । मुसलमान के महान पर्व इद उलफित्र के अवसर मे प्रदेश २ सरकार वैशाख ३१ गते शुक के दिने सार्वजनिक छुटी देहले बा । कोरोना महामारी के दुसरका लहर तेजी से फईल रहला से ई बरीस घर मे सरकार से जारी कईल स्वास्थ्य मापदण्ड के पालन करके पर्व मनावे खातिर निहोरा भी कईल जारी सूचना मे उल्लेख बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।