पकहामैनपुर गा.पा. के नयाँ भवन के शिलान्यास

वीरगंज ०५ कातिक
पर्सा के पकहामैनपुर गाँवपालिका कार्यालय के नया भवन आजु एगो कार्जक्रम के बिच शिलान्यास भईल बा ।
गाँवपालिका के नयाँ भवन के खातिर प्रमुख अतिथि निलम्बित सांसद हरिनारायण रौनियार बिधवत रुप मे पुजापाठ करके शिलान्यास कईले बानी । शिलान्यास करत निलम्बित सांसद रौनियार पचास बरीस मे ना भईल बिकास संघियता अईला के चार बरीस मे भईल बतवनी ।
पहिले सदरमुकाम से आवत जावत मे समस्या रहे अभी चार बरीस मे रास्ता, स्वास्थ्य, शिक्षा, कृषि लगायत भौतिक पुर्वधार बिकास के काम बहुते तेजी से भईल देखल गईल बा ।
पकहाँ मैनपुर गाँवपालिका अध्यक्ष बिजय चौरसिया गाँव–गाँव, टोल–टोल मे सडक, नाला, बिधुत पोल जडान, वाईफाई, कृषि, शिक्षा, स्वास्थ्य आ सिचाई लगायत के काम भईल गाँवपालिका अध्यक्ष बिजय चौरसिया बतवनी ।
खेत खेत मे बिधुत पोल पुगाके किसानलोग के सय रोपेया के खर्च मे सिचाई ब्यवस्थापन करेके बतवनी । इहे आर्थिक बरीस मे पकहा मैनपुर गाँवपालिका से बस संचालन करके सस्ता २५ रोपेया मे बीरगंज तक पुगावे के उदेश्य रहल बतवनी । बस संचालन मे लियाके जेष्ठ नागरिकलालेग के निःशुल्क ब्यवस्थापन करेके आ बिद्यार्थी लगायत के छुट के ब्यस्था करेके गापा अध्यक्ष चौरसिया बतवनी ।
चार बरीस मे ७० प्रतिशत बिकास लगायत निर्माण के काम पुरा भईल गापा अध्यक्ष चौरसिया दाबी करत गाँवपालिका भवन निर्माण के खातिर गाँवपालिका से ७५ लाख के बजेट छुटयावल गईल बतवनी ।
गाँवपालिका अध्यक्ष बिजय चौरसिया के अध्यक्षता मे भईल शिलान्यास कार्जक्रम मे प्रदेश सांसद मञ्जुर आलम, सखुवाप्रसौनी गाँवपालिका अध्यक्ष प्रदिप जयसवाल, बिन्दबासनी गाँवपालिका अध्यक्ष श्रीलाल साह कानु, जसपा नेपाल के प्रदेश सदस्य गौरिशंकर साह दादा, जसपा के क्षेत्रिय अध्यक्ष नागेन्द्र यादव लगायत के लोग शुभकामना मन्तब्य रखले रहनी ।
गाँवपालिका के भवन निर्माण उपभोक्ता समिति के माध्यम से होखे लागल गापा अध्यक्ष चौरसिया बतवनी । भवन निर्माण असाढ मसान्त भितर पुरा होखेके भी बतवनी ।






