पटेर्वासुगौली मे मनोसामाजिक परामर्श

वीरगंज १३ चईत

एके दिन १४ जने लइकी बेहोस भईल पटेर्वासुगौली गाँवपालिका मे मनोसामाजिक परामर्श देहल गईल बा । नारायणी अस्पताल स्थित एकद्वार संकट व्यवस्थापन केन्द्र (ओसीएमसी) के नर्स अहेमा थापा मनोसामाजिक परामर्श देहले बानी ।

गाँवपालिका के वार्ड नम्बर–४ सुगौली दापुस्थित श्री नेपाल राष्ट्रिय माध्यमिक विद्यालय मे ९ चईत मे एके दिन १४ जने लइकी बेहोस भईल रहलन । उलोग मसे ४ जने के नारायणी अस्पताल मे ईलाज करके लेगईल गईल रहे ।

पढाइ हो रहल समय लइकीलोग अचानक बेहोस भईला के बाद शिक्षक, अभिभावक मात्र ना होके स्थानीय स्वास्थ्यकर्मी भी हडबढाईल रहलन । घटना भईला के बिहान भईला नर्स अहेमा थापा नारायणी अस्पताल मे ईलाज के खातिर आईललोग आ उलोग के अभिभावक से भेट कईले रहनी । उलोग मे ‘कन्भर्जन डिस अर्डर’ के समस्या देखल गईल पुष्टी भईला के बाद मनोसामाजिक परामर्श देहल गईल नर्स थापा बतवनी ।

‘ई शारीरिक रोग ना ह, ना भूत प्रेत लागल बा । वैज्ञानिक रुप मे प्रमाणित बा की मन भितर के तनाव के चलते देह प्रतिक्रिया देखवले बा’, कहत उ, ‘अईसन समय मे दवाई से भी मनोसामाजिक परामर्श जरुरी परी ।’

‘कन्भर्जन डिस अर्डर’ भईला के चिचियावेके, भागेके, बर्बरावेके, बेहोस होखेके समस्या देखल जाला । नर्स थापा एतवार के दिने गाँव मे जाके समस्या देखल गईल लइकीलोग, जोखिम मे रहल लइकीलोग, अभिभावक एवं व्यवस्थापन समिति के पदाधिकारी आ स्थानीय स्वास्थ्य संस्था के स्वास्थ्यकर्मीलोग के समस्या आ समाधान के उपायसब के बारे मे जानकारी करवले बानी ।

विद्यालय के प्रधानाध्यापक मोहन दास थारु परामर्श बहुते लभदायक भईल बतवनी । ‘पहिले कईसन समस्या बा कहके हडबडाईल रहनी, नर्स थापा के काउन्सिलिङ के बाद अब खुदे तालिम देवे सकेवाला भईल बानी’, कहत उ, ‘घरसे बेहोस अवस्था मे आईल विद्यार्थी चलके घर गईल बाडन ।’

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।