१९ बरीस के युवती के करणी कईल आरोप मे एक जने पकडईलें

वीरगंज १२ कातिक
पुलीस १९ बरीस के युवती के जबरजस्ती करणी कईल आरोप मे एक जने के पकडले बा । पकडाएवाला मे बारा कलैया उपमहानगरपालिका–२१ रहेवाला ३८ बरीस के जाहिर अन्सारी रहल बाडन ।
बारा घर भइल उच्च शिक्षा के खातिर वीरगंज मे डेरा लेके रहत आइल १९ बरीस के युवती के जर्बजस्ती करणी कईल आरोप मे उनका के वीरगंज से पकडल गईल बा ।
एहितरे बितल कुवार २७ गते रात १० बजे खुद अकेले भईल मौका मे डेरा कोठरी मे जाके अश्लील फोटो आ भिडियो सार्वजनिक करके भाइरल करे खातिर धम्की देके डर त्रास देखाके अनुचित दबाब मे पार के जबरजस्ती करणी कईल युवती बतवले बानी ।
पकडाईल उलोग विरुद्ध जबरजस्ती करणी सम्बन्धी कसूर मे पर्सा जिल्ला अदालत से ७ दिन म्याद थप अनुमति लेके अनुसन्धान शुरु कईल जिल्ला प्रहरी कार्यालय पर्सा के प्रवक्ता प्रहरी नायब उपरीक्षक (डीएसपी) ओम प्रकाश खनाल जानकारी देहनी ।






