११ किलो चाँनी सहित एक जने भारतीय पकडईलें

प्रभु यादव
बारा २ माघ
बारा जिल्ला प्रहरी कार्यालय ११ किलो चाँनी सहित एक जने भारतीय के पकडल जनकारी करावले बा । एतवार के दिन सबेरे ९ः४० बजे के समय मे विशेष सूचना के आधार मे इलाका प्रहरी कार्यालय सिमरा से खटल प्रहरी टोली चाँनी आ आदमी के पकडल प्रहरी प्रवक्ता राजेश थापा जनकारी करावले बानी ।
जितपुरसिमरा उ.म.न.पा वार्ड नं.१ के नेपाल टेलिकम चोक मे बिरगंज से पथलैया ओर जारहल ना.३३ प ८५२६ नं.के मोटरसाईकल रोक के चेकजाँच करेके क्रम मे मोटरसाईकल के तेल ट्याङकी के भितर फल्स बटन बनाके ओकरे भितर चोरालुका के भन्सार छल के लेजारहल अवस्था मे पकडल गईल प्रवक्ता थापा जनकारी करावले बानी ।
पकडाईल समान के १२ लाख ४२ हजार ९ सय ७३ रोपेया परेवाला ११ किलो ५०० ग्राम चाँनी के तईयारी पायल, बाला, चाभी रिङ, बुट्टी तथा कल्ली के गहना सब पकडाईल बा । पकडाईल मोटरसाईकल चालक भारत, बिहार, जिल्ला मोतिहारी, ढाका बरीस २३ के सुनिल गुप्ता रहल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।
पकडाई मोटरसाईकल आ चानी जरुरी कारवाही के खातिर राजश्व अनुसन्धान कार्यालय पथलैया मे पठावल गईल बारा प्रहरी जनकारी करावले बा ।





