नेकपा एस परवानीपुर कमिटी के बईठक से अनेकन निर्णय

नेकपा एस परवानीपुर कमिटी के बईठक से अनेकन निर्णय

बारा २३ फागुन

बारा मे नेकपा एकीकृत समाजवादी के पालिका स्तरीय बईठक बुध के दिने पुरा भईल बा । परवानीपुर गा.पा वार्ड नं. ५ मे बहुअरी मे भईल बईठक मे पर्टी विस्तार तथा रणनितीबारे चर्चा कईल रहे ।

बईठक मे पर्टी के वार्ड स्तरीय कमीटी गठन करेके, पार्टी सदस्यता वितरण करेके, पार्टी के संगठित सदस्य वितरण करेके तथा पार्टी के पालिका स्तरीय बरियार बनावे खातिर वार्ड, किसान महिला तथा युवा रिर्टनी एसोसिएसन कमीटी विस्तार करके निर्णय भईल जनावल गईल बा ।

बईठक मे कईल निर्णय चईत २० गते भितर गठन करेके नेकपा एकीकृत समाजवादी के भातृ संगठन नेपाल रिटर्नी एसोसिएसन समाजवादी के जिल्ला अध्यक्ष अनिल कुमार साह जानकारी देहनी ।

पार्टी परवानीपुर गाँवपालिका के अध्यक्ष.रमेश्वर पटेल के अध्यक्षता मे भईल बईठक मे प्रमुख अतिथि पाटीके पोलिटव्युरो सदस्य दिनेश राई, प्रदेश सदस्य अशेसर प्रसाद कुर्मी, जिल्ला कमीटी सदस्य ओमप्रकाश पटेल, परवानीपुर गा.पा. वार्ड नं. ५ के अध्यक्ष रामेशवर पटेल तथा परवानीपुर युवा संघ के अध्यक्ष सागर पटेल लगायत के सहभागिता रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।