अघोषित लोडसेडिङ विरुद्ध तरुण दल के आक्रोश, तालाबन्दी करेके चेतावनी

भोटा. संवाददाता /
वीरगंज १५ सावन,
वीरगंज सहित पर्सा जिल्लाभर कुछ हप्ता एने विद्युत आपूर्ति मे हो रहल समस्याबारे नेपाल तरुण दल पर्सा नेपाल विद्युत प्राधिकरण के ध्यानाकर्षण करवले बा ।
तरुण दल पर्सा के सभापति विकास तिवारी के नेतृत्व मे मंगर के दिने प्राधिकरण के वीरगंज वितरण केन्द्र मे गईल टोली प्राधिकरण के प्रमुख अवधेश दुबे के ज्ञापनपत्र बुझावत विद्युत आपूर्ति मे हो रहल समस्याबारे ध्यानाकर्षण करवले बा ।
दिन मे सयो बेर विद्युत आपूर्ति अवरुद्ध भईला से अभी के प्रचण्ड गर्मी मे सर्वसाधारण, विद्यार्थी, उद्योगी, व्यवसायी लगायत जिल्लाबासी हि समस्या भोगेमे बाध्य भईल तरुण दल पर्सा जनवले बा । विद्युत प्राधिकरण लोडसेडिङ पूर्णरूप मे हटल घोषणा कईल अवस्था मे दिन मे बेर–बेर लाइन कट रहल, अघोषित लोडसेडिङ हो रहल आ एकरा से जिल्लाबासी अक्रान्त बनल कहत तरुण दल यथाशीघ्र उ समस्या समाधान करेके माग कईले बा ।
विद्युत आपूर्ति मे हो रहल समस्या तत्काल समाधान ना कईला पर विद्युत प्राधिकरण वीरगंज वितरण केन्द्र मे धर्नासहित तालाबन्दी करेके चेतावनी भी तरुण दल देहले बा ।