पर्सा–२ में जनजागरण अभियान तेज, “कमल छाप” के समर्थन में घर-घर पहुंचल नेता लोग
पर्सा–२ में जनजागरण अभियान तेज, “कमल छाप” के समर्थन में घर-घर पहुंचल नेता लोग

पर्सा ८ फागुन
पर्सा जिला निर्वाचन क्षेत्र नं. २ अंतर्गत वीरगंज महानगरपालिका वडा नं. २८ दरदर्वा आ पर्सागढी नगरपालिका के मनवा बाजार, गुलरिया, छतिवन ताडी, बागवाना, खेखरिया आ झरकट इलाका में व्यापक घरदैलो, जनजागरण अभियान आ स्थानीय अगुवा लोग से भेटघाट कार्यक्रम सम्पन्न भइल।
अभियान के दौरान गुलरिया स्थित श्री खसियाही गढी माई मन्दिर में सामूहिक पूजा-पाठ कइल गइल। कार्यक्रम में सहभागी लोग “एक वोट राष्ट्र खातिर, हर-हर कमल, घर-घर कमल” जइसन नारा लगावत चुनावी माहौल के गरमा दिहलस।
अभियान में नेपाल जनता पार्टी के “कमल छाप” के समर्थन में राष्ट्रीय मुद्दा पर जोर दिहल गइल। नेता लोग कहले कि सनातन हिन्दू राष्ट्र नेपाल के स्थापना, रामराज्य के परिकल्पना, भ्रष्टाचार मुक्त समाज आ सुशासन उनकर प्रमुख लक्ष्य बा।
ओह लोग शिक्षा, स्वास्थ्य, विकास आ सुरक्षा के मजबूत व्यवस्था, युवा, महिला आ विद्यार्थी के उच्च सम्मान, किसान के प्राथमिकता, खेल जगत के प्रोत्साहन, मेडिकल कॉलेज स्थापना आ क्रिकेट स्टेडियम निर्माण जइसन योजना के भी प्राथमिकता बतवलस। साथ ही धार्मिक पर्यटन के बढ़ावा देवे खातिर रामायण सर्किट निर्माण के प्रस्ताव रखल गइल।
कार्यक्रम में क्षेत्रीय समृद्धि, रोजगार सृजन आ स्वाभिमान रक्षा के मुद्दा प्रमुख रूप से उठावल गइल। स्थानीय बासिन्दा लोग से अपील कइल गइल कि क्षेत्र आ राष्ट्र के समग्र विकास खातिर “कमल छाप” के साथ, सहयोग आ आशीर्वाद दीहल जाय।






