वीरगंज–९ में गूंजल ‘घण्टी’ के नारा, ८० से अधिक युवा सुशील कानू के समर्थन में रास्वपा में शामिल

वीरगंज–९ में गूंजल ‘घण्टी’ के नारा, ८० से अधिक युवा सुशील कानू के समर्थन में रास्वपा में शामिल

वीरगंज ९ फागुन

वीरगंज–९ में आयोजित एक भव्य कार्यक्रम में पर्सा निर्वाचन क्षेत्र नं. २ के उम्मीदवार सुशील कानू के समर्थन में विभिन्न राजनीतिक दल छोड़कर ८० से अधिक युवा राष्ट्रिय स्वतन्त्र पार्टी (रास्वपा) में प्रवेश कइलन।

कार्यक्रम में नवप्रवेशी युवन के पार्टीका नेता तथा कार्यकर्तन फूलमाला पहिनाके स्वागत कइलन। एह अवसर पर बोलत उम्मीदवार सुशील कानू कहलन कि देश में साफ-सुथरा राजनीति, सुशासन आ जवाबदेही स्थापित करे खातिर युवाशक्ति के आगे आवे के जरूरत बा।

कानू कहनी, “रास्वपा भ्रष्टाचार मुक्त शासन, पारदर्शिता आ जनताके प्रत्यक्ष सहभागिता पर आधारित राजनीति में विश्वास रखेला। अब समय आ गइल बा कि पुरान ढर्रा छोड़के नई सोच आ नई नेतृत्व के समर्थन कइल जाव।”

रास्वपा के मुख्य चुनावी मुद्दा में सुशासन, भ्रष्टाचार के अंत, शिक्षा आ स्वास्थ्य सेवा में सुधार, रोज़गार सृजन, युवा उद्यमिता के प्रोत्साहन आ स्थानीय विकास के प्राथमिकता शामिल बा। पार्टी दावा करत बा कि ऊ राजनीतिक भागबंडी आ व्यक्तिगत स्वार्थ से ऊपर उठके नीति-आधारित शासन व्यवस्था स्थापित करी।

कार्यक्रम में बोलत पार्टी प्रतिनिधियन कहनी कि पर्सा–२ में जनता बदलाव के पक्ष में खड़ी बा। युवन के बढ़त समर्थन से क्षेत्र में चुनावी माहौल गरमा गइल बा।

नवप्रवेशी युवन कहलन कि ऊ देश में पारदर्शी आ जिम्मेवार राजनीति देखे चाहत बाड़ें, एहसे रास्वपा के एजेन्डा से प्रभावित होके पार्टी में शामिल भइल बाड़ें।

चुनाव नजदीक आवते पर्सा–२ में राजनीतिक सरगर्मी तेज हो गइल बा, आ रास्वपा के ‘घण्टी’ चिन्ह के नारा गांव-टोल में गूंजे लागल बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।