भारत सरकार के सहयोग से सप्तरी में बनल आधुनिक स्कूल भवन के उद्घाटन

भारत सरकार के सहयोग से सप्तरी में बनल आधुनिक स्कूल भवन के उद्घाटन

सप्तरी ६ जेठ

नेपाल आ भारत के बीच मजबुत दोस्ती आ विकासात्मक साझेदारी के एगो अउरी उदाहरण सामने आइल बा। भारत सरकार के आर्थिक सहयोग से सप्तरी जिला के सुरुङ्गा नगरपालिकास्थित श्री जनता माध्यमिक विद्यालय के नया भवन के भव्य उद्घाटन कइल गइल।

बिरगंज स्थित भारतीय महावाणिज्य दूतावास के महावाणिज्यदूत देवी सहाय मीना आ सुरुङ्गा नगरपालिकाकी मेयर गीता चौधरी संयुक्त रूप से नया विद्यालय भवन के उद्घाटन कइनी।

ई भवन भारत सरकार के “उच्च प्रभाव सामुदायिक विकास परियोजना (HICDP)” अंतर्गत निर्माण करावल गइल बा। परियोजना के कार्यान्वयन सुरुङ्गा नगरपालिका के माध्यम से कइल गइल।

सन १९५१ में स्थापित श्री जनता माध्यमिक विद्यालय में अभी नर्सरी (ECD) से स्नातक स्तर तक पढ़ाई होला। विद्यालय में लगभग ६२७ विद्यार्थी अध्ययनरत बाड़ें, जवना में ३५८ छात्रा शामिल बाड़ी स। नया भवन बनला से विद्यार्थी लोग खातिर पढ़ाई के बेहतर माहौल तैयार होखे के उम्मीद जतावल जा रहल बा।

कार्यक्रम में मौजूद स्थानीय जनप्रतिनिधि, विद्यालय व्यवस्थापन समिति आ अन्य सरोकार वाला लोग भारत सरकार द्वारा शिक्षा क्षेत्र में लगातार दिहल जा रहल सहयोग के प्रशंसा कइलस।

सभे के कहना रहल कि नया पूर्वाधार से ग्रामीण क्षेत्र में शिक्षा के स्तर मजबूत होई आ विद्यार्थी लोग के सुविधा बढ़ी।

नेपाल आ भारत के बीच बरिसों पुरान मैत्री संबंध के मजबूत बनावे में एह तरह के विकास परियोजना महत्वपूर्ण भूमिका निभावत बा।  शिक्षा, स्वास्थ्य आ आधारभूत संरचना के क्षेत्र में भारत सरकार के सहयोग से स्थानीय विकास के गति मिल रहल बा।

स्थानीयवासी लोग के मानना बा कि एह तरह के परियोजना से ना सिर्फ शिक्षा व्यवस्था मजबूत हो रहल बा, बल्कि नेपाल–भारत मित्रता के संबंधो अउरी प्रगाढ़ बनत जा रहल बा।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।