बारा में राष्ट्रीय आर्थिक गणना अंतिम चरण में, लक्ष्य से बेसी प्रतिष्ठान के भइल गिनती

बारा में राष्ट्रीय आर्थिक गणना अंतिम चरण में, लक्ष्य से बेसी प्रतिष्ठान के भइल गिनती

बारा १ असार

राष्ट्रीय आर्थिक गणना–२०८२ के तहत बारा जिला में चल रहल तथ्यांक संकलन अभियान अब अंतिम चरण में पहुँच गइल बा। जिला आर्थिक गणना कार्यालय बारा के अनुसार अबले जिला भर के कुल २१ हजार ७४ व्यवसाय आ प्रतिष्ठान के स्थलगत गणना पूरा हो चुकल बा, जे निर्धारित लक्ष्य से भी अधिक बा।

जिला आर्थिक गणना अधिकारी राजेश दास बतवले कि राष्ट्रीय तथ्यांक कार्यालय थापाथली द्वारा बारा जिला खातिर २० हजार ९२१ प्रतिष्ठान के लक्ष्य तय कइल गइल रहे, बाकिर गणना टीम लक्ष्य से आगे बढ़के ज्यादा प्रतिष्ठान के विवरण संकलन करे में सफल रहल।

प्रारम्भिक आँकड़ा से ई साफ संकेत मिल रहल बा कि बारा जिला में पछिला कुछ बरिस में आर्थिक गतिविधि तेजी से बढ़ल बा आ व्यवसायिक प्रतिष्ठानन के संख्या में उल्लेखनीय बढ़ोतरी भइल बा। अधिकारी लोग के माने त जिला के आर्थिक स्थिति धीरे-धीरे मजबूत हो रहल बा।

“अर्थव्यवस्था के सही मापन खातिर आर्थिक गणना” नारा के साथ राष्ट्रीय तथ्यांक कार्यालय देशभर में दूसरा राष्ट्रीय आर्थिक गणना–२०८२ चला रहल बा। ई अभियान वैशाख २ गते से शुरू भइल रहे आ असार ७ गते तक जारी रही।

बारा जिला में गणना कार्य के सफल बनावे खातिर ६६ गणक आ ९ सुपरिवेक्षक के परिचालन कइल गइल बा। ई लोग स्थानीय तह, वडा कार्यालय आ सम्बन्धित निकाय से समन्वय करके उद्योग, व्यापार, होटल, रेस्टुरेन्ट, निर्माण सामग्री, वित्तीय सेवा, कृषि समेत विभिन्न आर्थिक गतिविधि से जुड़ल प्रतिष्ठानन के जानकारी जुटावत बा।

जिला आर्थिक गणना कार्यालय के अनुसार जिला प्रशासन, उद्योग वाणिज्य संघ, स्थानीय तह आ व्यवसायी लोग के सहयोग से अभियान प्रभावकारी ढंग से आगे बढ़ रहल बा।

कार्यालय के उम्मीद बा कि एह गणना से मिलल तथ्यांक भविष्य में सरकार खातिर नीति निर्माण, रोजगार योजना, निवेश प्रवर्द्धन आ आर्थिक विकास के कार्यक्रम तय करे में बहुत उपयोगी साबित होई।
अधिकारी राजेश दास बतवले कि अंतिम प्रतिवेदन सार्वजनिक भइला के बाद बारा जिला के आर्थिक संरचना, व्यवसायिक प्रवृत्ति आ रोजगार के वास्तविक स्थिति के साफ तस्वीर सामने आई

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।