एगो पेड़ काटीं त १० गो लगाईं : वनमन्त्री चौधरी

एगो पेड़ काटीं त १० गो लगाईं : वनमन्त्री चौधरी

पर्सा १३ पर्सा 

पर्सा जिल्ला के जिराभवानी गाउँपालिका–२ स्थित गादीमाई साझेदारी वन उपभोक्ता समूह के तेसर साधारण सभा सम्पन्न भइल बा। समूह के अध्यक्ष सहरमा राउत गद्दी के अध्यक्षता में आयोजित सभा के प्रमुख अतिथि मधेश प्रदेश सरकार के वन तथा वातावरणमन्त्री शंकरप्रसाद चौधरी रहलें। कार्यक्रम में भूमि व्यवस्था तथा सहकारीमन्त्री श्याम पटेल विशिष्ट अतिथि के रूप में सहभागी रहलें।

कार्यक्रम के सम्बोधन करत वनमन्त्री चौधरी एगो पेड़ काटला पर कम से कम १० गो नया पेड़ लगावे के नीति अपनावे खातिर साझेदारी वन उपभोक्ता समूह के सुझाव देनी। ऊ कहलें कि वन के दिगो संरक्षण आ व्यवस्थापन खातिर सरकार के साथे स्थानीय जनता के भी आगे बढ़े के जरूरत बा।

मन्त्री चौधरी के कहनाम रहल कि २०३६ साल से होत आइल वन विनाश पर रोक लगावे आ वन के संरक्षण करे के उद्देश्य से साझेदारी वन उपभोक्ता समूह के अवधारणा आगे बढ़ावल गइल रहे। वन संरक्षण के मूल उद्देश्य पूरा करे खातिर सभे पक्ष के जिम्मेवारी से काम करे के चाहीं।

ओहिजा वन में लकड़ी सड़त रहे आ दोसरा ओर उपभोक्ता के जरूरत के लकड़ी आसानी से ना मिल पावत बा, ई गंभीर विषय बा। वन व्यवस्थापन आ लकड़ी के उपयोग से जुड़ल झन्झटिला नियम के सरल आ सहज बनावे खातिर सम्बन्धित निकाय के पहल करे के जरूरत बा, ऊ बतवनी।

कार्यक्रम के विशिष्ट अतिथि भूमि व्यवस्था तथा सहकारीमन्त्री श्याम पटेल कहलें कि कुछ लोगन के निजी स्वार्थ के चलते साझेदारी वन के प्रभावकारी व्यवस्थापन ना हो पावत बा। वन के जिम्मेवार पदाधिकारी लोग के वन के खाली व्यापारिक नजरिया से ना देख के सामाजिक सेवा के भावना से संरक्षण आ व्यवस्थापन करे के चाहीं।

वन बचावल खाली सरकार के जिम्मेवारी ना ह, ई पूरा समाज आ नागरिकन के साझा दायित्व ह। एहसे वन संरक्षण खातिर सभे के एकजुट होखे के जरूरत बा, मन्त्री पटेल जोर देनी।

ओही दौरान मन्त्री पटेल मधेश प्रदेश के किसानन के खेती करे खातिर जरूरी रासायनिक खाद के कमी के समस्या भी उठवनी। संघीय सरकार से पर्याप्त खाद ना मिलला के चलते किसान लोग परेशानी झेल रहल बा। प्रदेश सरकार के ओर से स्थानीय तह तक खाद पहुँचावे आ किसानन के समय पर उपलब्ध करावे के प्रयास हो रहल बा, ऊ बतवनी।

कार्यक्रम में साझेदारी वन उपभोक्ता समूह के  संस्थापक अध्यक्ष रामरुम कुर्मी जिला वन कार्यालय पर्सा के प्रमुख हेमन्त साह, रौतहट के डिभिजन वन प्रमुख मन्जुर अहमद, सबैया साझेदारी वन उपभोक्ता समूह के अध्यक्ष लखनलाल साह कानु, उपाध्यक्ष असलम आलम, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सचिव विजय चौहान सहित विभिन्न क्षेत्र के प्रतिनिधि, वन उपभोक्ता आ सरोकारवाला लोगन के सहभागिता रहल।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।