अतिक्रमित जमिन फिर्ता करेके अभियान मे सरकार लागल बा :- मन्त्री अर्याल

दमौली, ८ माघ,
भूमि व्यवस्था, सहकारी तथा गरिबी निवारणमन्त्री पद्ममाकुमारी अर्याल अतिक्रमित जमिन फिर्ता करेके अभियान मे सरकार दृढ सङ्कल्प के साथ लागल बतवले बानी । नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) तनहुँ आजु इहाँ आयोजना कईल कार्यकर्ता भेटघाट कार्जक्रम के सम्बोधन करत उ सरकारी जमिन आदमी के नाम मे दर्ता करेवाला जे केहु के भी कारवाही करेके बतवनी ।

जमिन के अतिक्रमण व्यापकरुप मे बढ रहला से अतिक्रमित जमिन फिर्ता लियावे खातिर सरकार प्रयत्न कर रहल मन्त्री अर्याल बतवनी । “जमिन के अतिक्रमण रोके खातिर सरकार तेजी से लागल बा, जमिन अतिक्रमण करेवाला जे केहु भईला पर भी कारवाही के दायरा मे लियावल जाई”, कहत उ, “अतिक्रमित जमिन फिर्ता करेके अभियान मे सरकार लागल बा ।” उ दूषित दर्ता के बदर करेके अभियान मे सरकार अगाडि बढल बतावत जमिन अतिक्रमण करेवाला विरुद्ध जनता सरकार के सूचना देवेके उल्लेख कइनी ।

मन्त्री अर्याल लम्हर समय से अव्यवस्थित रुप मे बसोबास करत आईल पीडित जनता के सरकार न्याय देवेके उल्लेख करत पीडित के नाम मे सरकारी जमिन आदमी के नाम मे करावेवाला के सरकार ना छोडेके चेतावनी देहनी । भूमि व्यवस्थापन ठीक तरिका से करे खातिर एकरा सँगे जुडल कानून निर्माण कईल बतवनी । संसद् मे दर्ता भईल भूमि व्यवस्थापन विधेयक सभामुख चयन होखे ना सकला पर प्रमाणित होखे ना सकल आ ओकरा से कानूनी मान्यता मिले ना सकल बतवनी ।

इहे माघ १२ गते सभामुख चयन भईला के बाद भूमि व्यवस्थापन विधेयक प्रमाणित होखेके आ अव्यवस्थित बसोबासी के व्यवस्थापन करेके काम शुरु होखेके मन्त्री अर्याल के कहनाम रहे । बितल कुवार से आवेवाला एक बरीस के समय मे एक लाख अव्यवस्थित बसोबासी के व्यवस्थापन करेवाला किसिम से कार्ययोजना बनावल गईल मन्त्री बतवनी । “वर्तमान सरकार भी भूमि व्यवस्थापन करे ना सकला पर भविष्य मे निर्माण होखेके सरकार भूमि व्यवस्थापन करी कि ना कहके सर्वसाधारण मे चिन्ता व्यापक बा”, कहत उ, “ओकरा ओरी सरकार सचेत बा ।”

मन्त्री अर्याल देश मे २७ प्रतिशत जमिन मात्र खेतीयोग्य रहला से पुरे जमिन के उत्पादनमूलक बनावल मुख्य चुनौती के रुप मे रहल बतवनी । अधिकतम जमिन के उत्पादनमूलक बनावे खातिर सरकार भूउपयोग नीति बनावल बतावत उ कहनी कि, “सर्वसाधारण के जमिन उत्पादनमूलक काम मे प्रयोग करे खातिर उत्प्रेरित करी, सर्वसाधारण से उत्पादनमूलक काम मे जमिन प्रयोग करे ना सकला पर सरकार भूमि बैंक बनावे के आ भूमि बैंक से जमिन के उत्पादन से जोडेके काम करी ।”

उ अवसर मे नेकपा के शुक्लागण्डकी नगर कमिटी अध्यक्ष मुक्ति तिमिल्सिना नगरपालिका भितर बहुते अव्यवस्थित बसोबास रहला से ओकरा के समाधान करे खातिर बेर बेर सरकार के ध्यानाकर्षण करावत आईल बतवनी । उ अव्यवस्थित जमिन व्यवस्थापन के खातिर बहुते बेर आयोग बनला के बाद पुर्जा मिले ना सकल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।