वीरगंज मे जुत्ताचपल व्यापार मेला के मेयर सरावगी कईलें उद्घाटन

वीरगंज ०९ माघ,
वीरगंज मे एक महिना तक चलेवाला प्रदेश स्तरीय जुत्ता चपल व्यापार मेला आजु से शुरु भईल बा । फागुन ८ गते तक चलेवाला मेला मे नेपाल भारत के करिब २ लाख ग्राहक तथा उपभोक्तालोग मेला के भ्रमण अवलोकन करावे के लक्ष्य लेहल गईल बा ।
मेला के उद्घाटन करत वीरगंज महानगरपालिका के मेयर विजयकुमार सरावगी अइसन मेला से स्वदेशी उत्पादन के प्रवद्र्धन मे टेवा पुगावे के विश्वास व्यक्त कइनी । सरककार स्वदेशी उत्पादन के विश्व बजार मे पुगावे खातिर भ्याट शुल्क निःशुल्क करेके सुझाव देत भ्याट के सुविधा देहला के बाद स्वदेशी उद्योग से उत्पादन करेवाला उत्पादन के लागत खर्च कम होके विश्व स्तर मे नेपाली ब्रान्ड प्रतिस्पर्धा करे सकेके विश्वास व्यक्त कइनी ।
मेला मे एक लाख जोडी जुत्ताचपल बिक्री करेके लक्ष्य राखल गईल मेला आयोजक समिति जनवले बा । वीरगंज घण्टाघर से उत्तर ओरी रहल खाली जगहा मे लागल मेला मे ७ गो अनेकन कम्पनि के १ हजार से बेसी ब्रान्ड के समान बिक्री हो रहल बा ।

मेला मे स्वदेशी ७ गो कम्पनि के अनेकन ब्रान्ड जुत्ताचपल सस्ता शुलभ दाम मे बिक्री करेके लक्ष्य रहल आयोजक मेसे नेपाली जुत्ताघर प्रालि के अध्यक्ष होमनाथ उपापध्याय बतवनी । बिएफ डियर हिल के प्रबन्ध निर्देशक उपाध्याय के मुताविक नेपाल मे १५ सय से बेसी उद्योग के लगानी करिब १७ जोखिम मे रहला से सरकार नेपाली सेना, पुलीस, निजामति कर्मचारी, शिक्षक लगायत पेशा मे स्वदेशी उत्पादन मात्र प्रयोग करेके नियम लागु करेके जरुरत रहल बतवनी ।
मेला मे १५ से ५० प्रतिशत तक छुट के व्यवस्था रहल मेला आयोजक समिति जनवले बा ।
स्वदेशी उद्योग के प्रवद्र्धन करेके आ भिजिट नेपाल शुरु भईल देश मे देश के अनेकन कुनाकपचा के उपभोक्तालोग के सस्ता दाम मे फूटवेयर अर्थात जुत्ता चपल बिक्री करके स्वदेशी उद्योग के प्रवद्र्धन आ संरक्षण करे खातिर मेला के उदेश्य रहल मेला सञ्चलक समिति के रुद्र न्यौपाने बतवनी ।
उद्घाटन समामरोह मे लेदर टेनर एशोसिशन के महासचिव बब्लु अन्सारी, पत्रकार महासंघ प्रदेश २ के अध्यक्ष दिपेन्द्र चौहान, वार्ड अध्यक्षद्वय नगिना साह कानु आ मनोज गुप्ता लगायत के लोग आपन आपन बिचार रखले रहनी ।






