कलैया मे जनप्रतिनिधि के खातिर २१ गो मोटरसाइकल किनाईल, एम्बुलेन्स नइखे

बारा १४ माघ,

बारा जिल्ला के कलेया उपमहानगरपालिका एके बेर २१ गो मोटरसाइकल किनले बा । जनप्रतिनिधि आ कर्मचारी चढे खातिर एके बेर २१ गो मोटरसाइकल किनले बा ।
भ्याट बाहेक करिब २ लाख २६ हजार रोपेया के दर से टिभीएस के आरटीआर मोटरसाइकल किनल कलैया उपमहानगरपालिका जनवले बा । किनल गईल मोटरसाइकल मेसे १६ गो वार्ड अध्यक्ष के खातिर आ बाँकी जरुरी शाखा मे पठावे के प्रमुख प्रशासकीय अधिकृत हरि नारायण बेल्वासे जानकारी देहनी । “७ गो वार्ड मे पहिले हि मोटरसाइकल किनाईल बा । २१ थान अभी आईल बा ।

१६ गो वार्ड मे पठावल जाई,” कहत उ, “कार्यालय मे इन्जिनियरलोग के खातिर भी सवारी साधन नइखे । बाँकी उलोग चलईहें ।” कार्यालय मे काम करेके आ कार्यालय परिसर मे क्वाटर भईला से आपना खातिर गाडी के जरुरत ना पडेके दाबी कइनी । कलैया मे नगर प्रमुख राजेश राय यादव ७३ लाख रोपेया के स्टोम गाडी चढेनी । उपप्रमुख रहिमा खातुन ६० लाख के स्कारपियो चढत आईल बानी ।

२ जने वार्ड अध्यक्ष टिभीएस अपाची ना चढेके बतवले बाडन । उलोग के खातिर नगरपालिका स्प्लेन्डर मोटरसाइकल खरिद करे खातिर प्रक्रिया अगाडि बढावल उपमहानगरपालिका जनवले बा ।
नगर प्रमुख यादव फिल्ड मे जाएवाला स्टाफ आ वार्ड अध्यक्ष के खातिर मोटरसाइकल किनल बतवनी ।

लाखो के गाडी आ मोटरसाइकल खरिद करेवाला कलैया उपमहानगरपालिका एगो एम्बुलेन्स भी किने ना सकला मे नागरिक समाज के अगुवा असन्तुष्ट बनल बाडन । जनप्रतिनिधि आवे से पहिले हि कलैया मे एगो मात्र दमकल सञ्चालन मे बा ।

बारा नागरिक समाज के अध्यक्ष उमेशलाल दास जनप्रतिनिधि के जनता के नाम मे मोजमस्ती करेके छुट ना भईल बतवनी । गाडी घोडा मे अनावश्यक खर्च कईला से जनप्रतिनिधि मे जिम्मेवारी बोध ना भईल प्रष्ट होखेके दाबी कइनी ।

“पहिले भी जनप्रतिनिधि रहलन, माकिर गणतन्त्र के जनप्रतिनिधिलोग जइसन ना रहलन । जनत के स्मार्ट सिटी के सपना देखावे के माकिर शीतलहर मे जनता के कम्बल भी ना बाँटेके ?” सवाल करत दास “जनता के कर के भारी बोका के गाडी किनल जरुरी नइखे । जनता के पसेना मे मोजमस्ती करेके, महंगो गाडी चढ के विलासी जीवन जीएके खोजल नैतिकता विहीन काम ह” कहके बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।