जनता स्वस्थ्य रहिअन त देश के विकास होखी :- मन्त्री यादव

बारा १५ माघ,
नेपाल मे जनता स्वस्थ्य रहिअन त देश के विकास होई जवना खातिर खेलकुद जरूरी रहल बतावल गईल बा ।
बारा के करैयामाई चौठका पिप्रा गोल्ड कप के उदघाटन करत प्रदेश २ के सरकार के आर्थिक मामिला तथा योजना मन्त्री उषा यादव खेलकुद मे जोड देवे के कहनी । जवन भि कवनो पेशा अपने आप मे समानित होला त देश के नाम संसार मे चिन्हावे केकाम करेला यादव जनकारी करावलेबाडी ।
खेलाडी आ नेता बनल कवनो बडका बात नाहवे जे देश के समबृद्धि कराई उहे अगाडि बढ सकत बा मन्त्री यादव कहली ।
देश मे संघियता से तीन तह के सरकार बनल माकिर देश अधिनायकवाद ओर जारहल बा ओकरा के रोकेला लोकतन्त्र के संरक्षण कईल जरूरी रहल यादव जनकारी देहनी ।
देश मे सुकुम्वासी के नाम मे आ विकास के खातिर कह के प्रकृतिक स्रोत के नास कइल जारहल बा जवना के रोकल जरूरी रहल जनकारी देहनी । संघियता दलित, थारू, आदीवासी, जनजाती आ मधेशी के खातिर रहल बा जवना के उपर राजनैतिक होरहल मन्त्री यादव कहनी ।
प्रदेश सरकार मे कुछ लोग बा जवना से सरकार बदनाम होरहल बा मन्त्री यादव जनकारी करावले बानी । प्रदेश सरकार मे तुरूटी ना बा कहल ना जासकत बा मन्त्री यादव जनकारी देहनी । प्र
सरकार के कर्मचारी ना भर्ना करेके अधिकार देहला केकारण कमी हो के समय मे काम ना करे सकल जारहल बा ।
बेटी सब के मारल जारहल बा अपहरण कईल, बलतकार, बेपाता बनावल जारहल काम संघिय सरकार के मातहत मे प्रशासन भईला से होरहल मन्त्री यादव आरोप लगावले बाडी ।
करीब छव महिना के तथ्याङ्क मे एक हजार के संख्या मे जनानी, लइका लइकी बेपाता रहल जनकारी देहत जिमेवारी कवन रहल प्रश्न कईली ।
करैयामाई पिप्रा गोल्डकप खेल मैदान दुर्गम जगह मे बाटे जवना के विकास के खातिर इटा के दिवाल बनावे के अस्वासन देहनी ।
उदघाटन शत्र के सभापतित्व बृजमोहन चौघरी के रहल जवना मे विधायक शारदा साह, त्रिलोकी चौधरी, कोल्हवी नगरपालीका के मेयर भरत भण्डारी, करैयामाई गावपालीक के अध्यक्ष भुनेश्वर धामी, कोल्हवी नपा के उपाध्यक्ष सुनैना देवी चौधरी, करैयामाई गावपालीका के उपाध्यक्ष चित्रलेखा चौधरी लगायत खेल प्रेमी लोग के सहभागिता रहल रहे ।






