नकआउट क्रिकेट प्रतियोगिता के उदघाटन

बारा १८ माघ,
बारा मे नकआउट क्रिकेट प्रतियोगिता के उदघाटन भईल बा । प्रसौनी गाँवपालिका वार्ड नम्वर ४ खुटवाजब्दी मे नकआउट क्रिकेट प्रतियोगिता सुरु भईल बा ।
चण्डीमाई खेलमैदान मे वार्ड अध्यक्ष आन्नद गुप्ता बलिङ्ग करके आ गाँवपालिका अध्यक्ष भोला गुप्ता ब्याटिङ्ग करत नकआउट क्रिकेट प्रतियोगिता के उटघाटन कईले रहनी ।
गाँवपालिका अध्यक्ष गुप्ता उदघाटन करत खेल से हि गाँव समाज के विकाश करेवाला भईला से गाँवपालिका मे खेल के प्रोत्साहन कईल बतवनी । युवा के कुलत से जोगावे खातिर भी खेल के प्रोत्साहन कईल बतवनी ।
वार्ड नम्वर ४ के वार्ड अध्यक्ष गुप्ता गाँव के खेलाडिलोग आपन प्रतिभा देखावे के मौका ना मिलला से विदेश जाएमे बाध्य भईल आ ओइसन होनाहार खेलाडिलोग आपन प्रतिभा देखावे खातिर प्रतियोगिता के आयोजना कईल बतवनी ।
भलुहि आ नेवतन बिच भईल उदघाटन खेल मे भलुहि क्रिकेट क्लव विजयी भईल बा । दोसर खेल वीरगज आ नकटुवा विच भईल खेल मे वीरगंज क्रिकेट क्लव विजयी भईल रहे ।
प्रतियोगिता के विजयी टिम के नगद ३५ हजार आ द्धितिय टिम के नगद १५ हजार देवेके जानकारी करावल गईल बा । मैन अफ दि सिरिज के २१ सय तथा बैस्ट ब्याटस्मैन के ११ तथा बेष्ट बलर के ११ सय देहल जाई ।
उदघाटन कार्जक्रम मे गाँवपालिका उपाध्याक्ष गिता साह, सुरेश गुप्ता, निप्पु गुप्ता सञ्चारकर्मी प्रवेज आलम लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






