कोरना भाइरस के बारे मे सचेतना अपनावे खातिर निहोरा

काठमाण्डु १९ माघ,
राष्ट्रियसभा के आजु के बईठक मे सदस्य आधारभूत स्वास्थ्योपचार सेवा मिलेके संवैधानिक हक के कार्यान्वयन होखेके आ कोरोना जइसन भाइरस से बँचे खातिर सरकार से सचेतना अपनावे के बात मे जोड देहले बानी ।
बईठक के विशेष समय मे नेपाली काँग्रेस के राधेश्याम अधिकारी आधारभूत स्वास्थ्य सेवा मिलेके अधिकार संविधान के मौलक हक मे व्यवस्था भईला पर भी जनता से निःशुल्क कहल दवाई सहज से मिले ना सकल सिकाईत कइनी । उ कहनी कि, “स्वास्थ्य आ शिक्षा सहज होखेके निजी आ सरकारी विद्यालय के नाम मे विभेद बा ।”
काङ्ग्रेस के रमेशजङ्ग रायमाझी कोरोना भाइरस रोके खातिर सरकार से चासो देवेके बतवनी । नेकपा के डा विमल पौडेल ग्यास के हिटर से भारतीय पर्यटक के मृत्यु जइसन समस्या के गम्भीरतापूर्वक लेके जनता के जीउधन के सुरक्षा मे ध्यान देवे खातिर माग कइनी ।
नेकपा के युटोल तामाङ मन्त्रिपरिषद् मे जनानी के सङ्ख्या घटईला मे चिन्ता प्रकट कइनी । राजपा के वृषेशचन्द्र लाल सीमा आ राष्ट्रिय सुरक्षा के बारे मे सरकार गम्भीर होखेके बतवनी । ने
के मीना बुढा ग्रामीण भेग के सामुदायिक विद्यालय मे अङ्ग्रेजी विषय शिक्षक अभाव भईला मे चिन्ता प्रकट कइनी । समाजवादी पार्टी के प्रमिला कुमारी नागरिकता विधेयक जलदी लियावे के माग कइनी । नेकपा के शेरबहादुर कुँवर सुदूरपश्चिम मे रहल छाउपडी प्रथा अन्त्य करावे खातिर निहोरा कइनी ।
‘औद्योगिक व्यवसाय विकास प्रतिष्ठान (पहिलका संशोधन) विधेयक, २०७६’ सम्बन्धी समिति के प्रतिवेदन सङ्घीय संसद्, राष्ट्रियसभा मे पेश कईल गईल बा ।
राष्ट्रियसभा के आजु के बईठक मे विधायन व्यवस्थापन समिति के सभापति पर्शुराम मेघी गुरुङ के ओरी से सांसद ठगे्रन्द्रप्रकाश पुरी उ विधेयक सभासमक्ष पेश कईले बानी ।






