मृगौला पिडित राम के ईलाज खातिर चन्दा संकलन

बारा २९ माघ,
बारा के कलैया उपमहानगरपालिका–२४ श्रीपुर के ३३ वर्षीय शिव विहारी राम के दुनु मृगौला काम कईल छोडदेहला से दवाई करावे मे समस्या भईल बा ।
करीब एक बरीस से दुनु मृगौला काम कईला छोडला पर ईलाज करावे ना सकल । दलित विपन्न परिवार के अकेले गारजीयन शिव बिहारी राम विमारी परला से उनकर परिवार चिन्ता मे परल बा ।
बारा के सचेत जवान सुनिल प्रसाद कुशवाहा आ प्रेम प्रसाद यादव अनलाईन मे समाचार पढ के पता लगा के राम के विमारी ठिक करवावेला कुछ दिन से चंदा संकलन कर के ईलाज मे सहयोग कर रहल बाडन ।
दुनु जने के प्रयास से मलेसिया मे नेपाल के कामदार लोग शिवजी प्रसाद यादव, गौरीशंकर गुप्ता, संजय यादव, सिकेन्द्र जैसवाल, रामपुकार कुशवाहा, राम उकेश कुशावाहा, शम्भु कुशवाहा लगायत बहुते सगहतीया सब चंदा संकलन कर के नगद रु १५३३००÷– एक लाख त्रिपन्न हजार तीन सय सहयोग भेजले बा जवना के जनकारीसमाज सेवी सुनिल कुशवाहा देहले बानी ।
पिडित राम के दवाई नेशनल मेडीकल कलेज वीरंगज मे होरहल बा । चन्दा सकल्न चार लाख भईला पर बाहर लेजा के इलाज करावे के जानकारी करावले बानी ।






