वीरगंज भन्सार के डिएसपी खत्री उपर कारवाही के माग २४ घन्टा भितर माग पुरा ना भईला पर आन्दोलन करेके चेतावनी

बारा ०४ फागुन,
किसान से आपन खेत मे रोप के उब्जावल आलु के भारतीय आलु कहत सशस्त्र पुलीस पकड के वीरगंज भन्सार कार्यालय पठईला मे बारा किसान संघर्ष समिति आपत्ति जनवले बा ।
२४ घन्टा भितर उ आलु ना छोडला पर बारा के किसानलोग आन्दोलन मे उतरेमे बाध्य होखेके संघर्ष समिति के संयोजक प्रभु पटेल बतवले बानी । पटेल के नेतृत्व मे गईल किसानलोग के टोली जिल्ला प्रसासन कार्यालय बारा के प्रमुख जिल्ला अधिकारी फणिन्द्र मणि पोख्रेल के ज्ञापन पत्र बुझावत अइसन चेतावनी देहले बा । फागुन २ गते सबेरे ५ बजे के समय मे आदर्स कोतवाल गाँवपालिका ७ के आलु किसान इसा महम्द के ना ४ त २५४ पचरौता न. पा. ३ के सोना देवी के ना ५ त ८०८६, सवर्ण गाँवपाली के ना ६ त ६३४९ आ ना ५ त ९४९८ नम्बर के आलु वाला ट्रेक्टर वीरगंज तथा जितपुर सिमरा के बजार मे बेंचे लेजा रहल समय भन्सार के सशस्त्र प्रहरी नायब उपरिक्षक अमर खत्री पकड के बुझवले रहलन ।
डिएसपी खत्री महागढ़ीमाई नगरपालिका के हुलाकी सडक खण्ड अन्तर्गत पडेवाला भुतही खोला लगे ट्रेक्टर रोक के अपहरण शैली मे डाईबरलोग के थप्पड मारत कन्चट मे बन्दुक राख के ट्रेक्टर सहित आलु वीरगंज भन्सार मे लेगईला मे ई घटना अमानविय निन्दनीय अपराधिक गैरकानुनी तथा जन बिरोधि भईल कहत घोर भत्र्सना कईले बाडन ।
बारा किसान सघर्ष समिति के अध्यक्ष प्रभुनाथ पटेल, समाजवादी पार्टी के महासचिव एवं संसद रामसहाय यादव लगायत के नेता एवं स्थानिय तह के प्रमुख तथा समाजसेवीलोग जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा मे पुगल रहलन । पकडल ट्रेक्टर सहित आलु तुरन्त फिर्ता होखो, वीरगंज भन्सार के डिएसपी खत्री आ उनका सँगे रहके अमानविय काम करेवाला सभी के नियमानुसार कडा से कडा कारवाही होखो कहके किसानलोग माँग कईले बाडन ।
हमनी के माग २४ घण्टा भितर पुरा ना भईला पर बारा मे चरणबद्ध रुपमे आन्दोलन करेके आ ओकरा से होखेवाला सभी नोक्सानी के जिम्मा पुलीस प्रशासन से लेवेके चेतावनी देहले बानी ।
ज्ञापन पत्र बुझत प्रजिअ फणिन्द्र मणि पोखरेल हम जलदी से सम्बन्धित उपरला निकाय मे पहल करेके बतवनी । उ अवसर मे प्रदेश सांसद बच्चा यादव, पारस साह, कलैया उपमहानगरपालिका के प्रमुख राजेश राय यादव, आदर्श कोतवाल गाँवपालिका प्रमुख मुस्तुफा अन्सारी, राजपा के नेता जितेन्द्र सिंह, श्याम गुप्ता, नेपाली कांग्रेस के नेता किशोरी यादव, पुर्व जिबिस सभापति छठु यादव, प्रहरी उपरिक्षक कृष्ण पंगेनी, ससस्त्र प्रहरी उपरिक्षक, राष्ट्रिय अनुसन्धान के एसपी बिमल पोख्रेल लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
उ अवसर मे प्रतिनिधि सभा सदस्य रामसहाय यादव धरौटी के बात ना होखो, जलदी से किसान के आलु आ टेक्टर फिर्ता होखो कहत सरकार खुदे किसान द्वारा उत्पादित उत्पादन के व्यवस्थापन करे ना सकल आ किसान खुदे अनेकन माध्यम से बजार तक लेगईला पर अनेकन बहाना मे किसान के दुःख देहल सह्य ना होखेके चेतावनी देहले बानी । एहितरे प्रदेश सांसद पारस साह डिएसपी हि सभी कानुन बमोजिम के धरौटी राख के किसान के आलु फिर्ता करस कहके बतवनी ।
सिमा नाका से १० किमि भितर नेपाली किसान से उत्पादन कईल आलु भारतीय भईल कहत किसान के अपमान करके आलु नियन्त्रण मे लेहल लज्जास्पद भईल बतावत तत्काल डिएसपी उपर कारवाही के माग कईले बानी ।







