प्रदेश २ के नाम मे विपक्षी के लचकता, सत्ता गठबन्धन के अडान

जनकपुरधाम ४ फागुन,
प्रदेश २ के नामाकरण मे विपक्षी दललोग लचकता देखईला पर भी सत्तारुढ दल आपन अडान जइसन के तईसने रखले बाडन । उहे चलते आजु भी सहमति होखे ना सकल ।
सभामुख सरोजकुमार यादव नेतृत्व के उच्चस्तरीय संसदीय समिति मे आजु प्रदेश के नाम के बारे मे छलफल भईल रहे । बईठक मे मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत, राष्ट्रिय जनता पार्टी (राजपा) संसदीय दल के नेता एवं भौतिक पूर्वाधारमन्त्री जितेन्द्र सोनल, प्रमुख प्रतिपक्षी नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के संसदीय दल के नेता सत्यनारायण मण्डल, नेपाली कांग्रेस के संसदीय दल के नेता रामसरोज यादवसहित प्रदेशसभा के सभी दल के सचेतक सहभागी रहनी ।
बईठक मे विपक्षी दललोग खुदसब से प्रस्ताव कईल नाम के अगाडि भा पछाडि मधेश शब्द राख के सहमति जुटावे सकेके बतवनी । नेकपा के नेतालोग खुद से प्रस्ताव कईल जानकी नाम के पछाडि मधेश शब्द जोड के “जानकी मधेश” नाम राखेके प्रस्ताव बईठक मे रखले बाडन । एहितरे कांग्रेस “मिथिला मधेश” से नामाकरण करे खातिर नयाँ प्रस्ताव लिआईल बाडन ।
एकरा से पहिले नेकपा “जानकी” आ कांग्रेस “मिथिला–भोजपुरा” नामाकरण करे खातिर प्रस्ताव पेश कईले रहलन ।
माकिर सत्तारुढ समाजवादी पार्टी आ राजपा प्रदेश के नाम मधेश हि राखेके अडान रखले बाडन । बईठक के बाद मुख्यमन्त्री राउत देश मे संघीयता स्थापना करावे के मधेश आन्दोलन के सम्मान के खातिर भईला पर भी प्रदेश के नाम मधेश हि होखेके बतवनी ।
राजपा संसदीय दल के नेता जितेन्द्र सोनल नेकपा आ कांग्रेस मधेश के स्वीकार कईला मे धन्यवाद देहनी । माकिर प्रमुख प्रतिपक्षी नेकपा संसदीय दल के नेता सत्यनारायण मण्डल खुदसब लचिलो भईल बतावत प्रदेश के नामाकरण के खातिर सत्ता पक्ष के भी लचिलो बनेके बतवनी । समिति के दोसर बईठक सोमार के दिने भी बईठेवाला बा ।






