जगरनाथपुर मे चर्मरोग सम्बन्धी निःशुल्क स्वास्थ्य शिविर

पोखरिया ०७ फागुन,

पर्सा के जगरनाथपुर गाँवपालिका के वार्ड नं ५ मे रहल श्री नेपाल राष्ट्रिय अधारभुत बिद्यालय जगरनाथपुर मे आजु चर्मरोग (छाला) सम्बन्धी निःशुल्क स्वास्थ्य शिविर पुरा भईल बा ।

जगरनाथपुर गाँवपालिका स्वस्थ्य शाखा के आयोजना मे भईल शिविर मे ३ सय ६५ जने के स्वास्थ्य परिक्षण कईल आ उ मेसे २ जने कुष्ठरोगी मिलल स्वास्थ्य अधिकृत प्रभेन्द्र साह जानकारी करवले बानी ।

शिविर मे चर्मरोग बिशेषज्ञ डा. श्रवण कुमार साह नेतृत्व के चिकित्सकलोग के टोली स्वास्थ्य परिक्षण कईले रहलन । शिविर मे चेकजांच करावेवाला मेसे दु जने मे कुष्टरोगी मिलल बाडन । निःशुल्क चर्मरोग छाला शिबिर मे चेकजाँच करावेवाला मरेजीलोग के दवाई भी देहल गईल रहे ।

निःशुल्क चर्मरोग छाला शिबिर कार्जक्रम मे गाँवपालिका अध्यक्ष जालिम मियाँ एक जने अपाङ्ग के ड्राईसाईकल हुलचेयर आ चार जने के बैशाखी बितरण कईले रहनी ।

चर्मरोग  शि मे गाँवपालिका उपाध्यक्ष बिसमिला खातुन, वार्ड अध्यक्ष मंगरु राउत, प्रभु राउत कुर्मी, नगिना राउत अहिर, प्रभु प्रसाद नुनिया, बिहारी महतो नुनिया, अयोध्या पटेल, समाजबादी के युवा नेता सरिफ गदी, स्वास्थ्य चौकी जगरनाथपुर के प्रमुख देबेन्द्र साह लगायत के उपस्थिति रहल रहे ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।