सनलाईट स्कूल के १४ वाँ वार्षिकोत्सव मे सांस्कृतिक कार्जक्रम

वीरगंज ०९ फागुन,
वीरगंज महानगरपालिका वार्ड नं. १६ नगवा मे रहल सनलाईट ईङ्गलिस सेकेन्ड्रि स्कूल के १४ वाँ वार्षिकोत्सव एगो भव्य कार्जक्रम के बिच पुरा भईल बा ।
प्याबसन पर्सा के अध्यक्ष डा. हरिशंकर साह कार्जक्रम के उदघाटन करत स्कूल कम समय मे बढिया प्रगति कईल बतावत शिक्षा के साथे अतिरिक्त क्रियाकलाप मे भी अगाडि रहल सराहना कइनी ।
विद्यालय के निर्देशक धनन्जय चौरसिया के सभापतित्व मे भईल कार्जक्रम मे ठाकुरराम बहुमुखि क्याम्पस वीरगंज के पूर्व क्याम्पस प्रमुख ललन द्विवेदी, वडा प्रहरी कार्यालय बिर्ता के प्रहरी निरिक्षक निर्मल पनेरु, विद्यालय के प्रिन्सिपल आलोक चौरसिया, नेपाल पत्रकार महासंघ पर्सा के सचिव युवराज खडका, वीरगंज युवा समाज के अध्यक्ष कमल चौगाई लगायत के लोग शुभकामना मनतव्य रखले रहनी ।
स्विटी सोनी, सालु पटेल, नेहा पासवान से सहजीकरण कईल कार्जक्रम मे जनचेतनामुलक नाटक एवं सांस्कृतिक कार्जक्रम भी भईल रहे ।






