प्रधानमन्त्री बनावे खातिर संविधान संशोधन कईल आपत्तिजनक :- सांसद यादव

काठमाण्डु १३ फागुन,

जनता से रिजेक्ट भईल नेता के प्रधानमन्त्री बनावेय खातिर संविधान संशोधन कार्यदल गठन भईला मे समाजावादी पार्टी के सांसद प्रदिप यादव आपत्ति जनवले बानी ।

आजु के प्रतिनिधिसभा के बईठक मे सांसद यादव “नेकपा संविधान संशोधन के कार्यदल बनावल बात व्यापक चर्चा मे अईला के बाद खुद खुसी से गदगद भईनी माकिर समाचार खोजत गईला पर बिजुली के करेन्ट से भी बेसी करेन्ट लागल जइसन भईल बतावत उ मधेशी, थारु, दलित, जनजाती, उत्पीडित आ विभेद मे पडल समुदाय के खातिर ना होके एक जने आदमी के खातिर संविधान संशोधन कईल संविधान के मजाक बनावल ह” कहके बतवनी ।

ओली आ प्रचण्ड के चुनावी लहर मे भी जनता से पराजित भईल बामदेव गौतम के प्रधानमन्त्री बनावे खातिर संविधान संशोधन करेके काम जायज ना रहल बतवनी ।

“मधेश अधिकार के खातिर करिब ११० जने मधेशी युवा से बलिदानी देके शहादत भईला पर भी संबिधान संशोधन करे खातिर तइयार ना होखेवाला सरकार जनता से पराजित नेता के प्रधानमन्त्री बनावे खातिर संविधान संशोधन कईल संविधान के मृत्यु पत्र मे हस्ताक्षर ह” कहके बतवनी ।

समाजवादी पार्टी के केन्द्रिय सदस्य भी रहल सांसद यादव सरकार से संविधान के मजाक बनावत एक आदमी मे केन्द्रित होके सांविधान संशोधन कईल संविधानवाद, लोकतन्त्र आ जनमत उपर के घात करत खुद से जनमावल बच्चा के खुदे घेंट रेतल जइसन रहल आक्रोस देखवनी ।

संबिधान मे भईल कमीकमजोरी के देख के ओकर सूक्षम अध्ययन के खातिर तत्कालीन कानून मन्त्री माननीय उपेन्द्र यादव से प्रस्ताव कईल संविधान संसोधन करे खातिर विज्ञ समुह तत्काल गठन करेके माग कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।