तिसरा कोल्हवी गोल्डकप सुरू, बारा ११ टिम के विजयी सुरूआत

प्रभु यादव÷

बारा १८ फागुन,
बारा जिल्ला के कोल्हबी नगरपालिका के मुख्य प्रायोजन आ जनशक्ति क्लब कोल्हबी, समाज बिकाश युवा क्लब कुमरगढी, सनसाइन युवा क्लब प्रसौना, श्री सिर्सागढीमाइ युवा क्लब अधनवा के आयोजना मे वडा नम्बर ६ के कुमरगढी फुटबल मैदान मे जनशक्ति क्लब के अध्यक्ष त्रियोगी राउत थारु के सभापतित्व मे आ कोल्हबी के नगर प्रमुख भरत बहादुर भण्डारी के प्रमुख आतिथ्य मे तिसरा कोल्हबी गोल्ड कप के एक कार्जक्रम के उदघाटन कईले रहनी ।

लगभग २१ लाख ९० हजार के लागत मे होखे जारहल कार्जक्रम प्रमुख आतिथ्य कोल्हबी नगरपालिका के नगर प्रमुख भरत बहादुर भण्डारी बतावले बानी । हर्दी समाज चितवन, मुन्डियाल युवा क्लब हेटौंडा मकवानपुर, बागमती ११ सर्लाही, शैलेश युवा क्लब लहान १२ सिरहा, बैङ्खरी एकेडेमी महोत्तरी, गोल्डेन स्टार दुहबी सुनसरी, बारा ११ आयोजक टिम करके ८ गो क्लब के खेलाडीलोग प्रदर्शन करेवाला बाडन ।

आउर २४ गते शनिबार के दिन बागमती आ चन्द्रपुर के जनानी खेलाडी लोग मैत्रीपुर्ण खेल खेलीहन । फाइनल खेल मे पहिला होखेवाला खेलाडी के रु २ लाख आ दुसरका होखेवाला के १ लाख रुपैया, सिल्ड, मेडल आ प्रमाणपत्र प्रदान करे के आयोजक बतावले बा ।

उदघाटन कार्जक्रम मे प्रमुख अतिथी कोल्हबी नगरपालिका के नगर प्रमुख भण्डरी मन्तब्य के क्रम मे बारा ११ के टिम बारा जिल्ला नाम आपन नामाकरण करे बात सम्पुर्ण खेलाडी तथा सहयोग करेवाला प्रशिक्षक लोग के समेत बधाई देहले बानी ।

कोल्हबी गोल्ड कप कोल्हबी के इज्जत आ सान रहल बा आ भबिस्य मे राखे के निहोरा करत हरेक बरीस साथ आ सहजोग करेला आपन कार्यकाल के भितर होई चउथका, पाँच वाँ गोल्ड कप मे भि यथार्थ आ पारदर्शीक रुप मे विवरण सहित के खर्च सार्वजनिक करे खातिर क्लब के नगर हरेक किसिम के साथआ सहयोग करे के प्रतिबद्धता कईले रहनी ।

एहितरे अनुशासित आ मर्यादित होके खेल खेलेके आ खेलावे खातिर खेलाडी, रेफ्री आ आयोजक के कोल्हबी नगर के प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत हरेन्द्र कुमार श्रेष्ठ निहोरा करत आपन बितल दिनसब सम्झत बास के पोल बना के फुटबल खेलल भी बतवनी । शुभकामना मन्तब्य वार्ड नम्बर ७ के अध्यक्ष तथा कोल्हबी नगरपालिका के नगर प्रबक्ता पुरन देव चौधरी कईइले रहनी ।

स्वागत मन्तब्य तिसरका कोल्हबी गोल्ड कप मुल कमिटी के कोषाध्यक्ष बिजेन्द्र प्रसाद चौधरी तथा कार्जक्रम सन्चालन धिरेन्द्र पनुहर कईले रहनी ।
उदघाटन के पहिलका दिन बारा ११ आ सैलेश युवा क्लब लहान बिच भईल खेल मे ।

२ मिनेट भितर बारा ११ जर्सी नम्बर १४ के कृपा चौधरी १ गोल आ दुसरका हाफ के ८९ वाँ मिनेट मे उहे टिम के जर्सी नम्बर १० के बिवेक चौधरी आउर एक गोल करके २–० के नतिजा निकालत बिजय के सुरुवात कईले बा । बिहान के खेल बागमती ११ आ सर्लाहि बिच होखेके आयोजक संस्था जनवले बा ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।