कोरोना भाइरस के सम्भावित सङ्क्रमण रोके खातिर शैक्षिक संस्था बन्द करेके माग

काठमाण्डु २९ फागुन,

प्रतिनिधिसभा के सांसदलोग कोरोना भाइरस (कोभिड(१९) के सम्भावित सङ्क्रमण रोके खातिर भीडभाड होखेवाला जगहा आ संस्था मे तत्काल जरुरी तइयारी करेके सुझवा देहले बानी ।
प्रतिनिधिसभा के आजु के बईठक के शून्य समय मे उलोग तत्काल शैक्षिक संस्था बन्द करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवले बानी ना।

सांसद भीमसेनदास प्रधान आ रेणुकुमारी यादव कोरोना भाइरस के जोखिम रोके खातिर तत्काल भीडभाड होखेवाला जगहा मे जरुरी तइयारी करेके आ शैक्षिक संस्था तत्काल के खातिर बन्द करेके माग कइनी । सांसद रामबहादुर विष्ट कोरोना भाइरस के सम्भावित महामारी के लेके बजार मे जरुरी सामान के कमी होत गईल कहत एकर नियन्त्रण करे खातिर केतना प्रगति हो रहल बा कहके जानकारी माग कइनी ।

सांसद बिमला नेपाली संविधान मुताविक दलित विद्यार्थी के खातिर व्यवस्था भईल छात्रवृत्ति वर्तमान सरकार गठन भईल समय से छिनाईल कहत एकरा से दलित समुदाय मे चोट पुगल बतावत सुनिश्चित करेके माग कइनी ।

सांसद भरत शाह यातायात मे सिन्डिकेट हटला पर भी अभी भी भारत से आवेवाला ट्रक मे ढाँट लगा के शुल्क लेहरल कहत सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी । सांसद महेश्वरजङ्ग गहतराज देशभर सवारी दुर्घटना बढ रहल कहत सचेतना कार्जक्रम बढावे के बतवनी ।

सांसद मीना सुब्बा नेपाल पुलीस के एक जने अधिकारी कुछ समय पहिले काखी मे बच्चा लेहल जनानी उपर लाठी चलावल प्रसङ्ग उल्लेख करत अइसन घटना मे हो रहल छानबिन आ दोषी उपर हो रहल कारवाही के बारे मे जानकारी के माग कइनी । सांसद मीनबहादुर विश्वकर्मा छुवाछूत के घटना मे वृद्धि हो रहल कहत दलित आयोग आ जनानी आयोग तत्काल गठन माग कइनी ।

सांसद यज्ञबहादुर बोगटी कर्णाली राजमार्ग के दूरावस्था के चलते दुर्घटना बढल कहत स्तरोन्नति करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी । सांसद यज्ञराज सुनुवारस्तरीय सडक के कमी मे पहाडी जिल्ला मे यात्रा कठिनाइ भईल कहत सडक सुधार के खातिर सभामुखमार्फत सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।

सांसद रङ्गमती शाही हुम्ला मे हिमपात के चलते खाना आ जरुरी सुविधा से जनता वञ्चित होखेके पडला से तत्काल जरुरी व्यवस्था करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।

सांसद राजेन्द्रकुमार केसी विश्व बजार मे पेट्रालियम पदार्थ के दाम घटला पर भी नेपाल मे काहे समायोजन ना भईल कहके सरकार से सवाल कइनी । साथे उ सरकार पेट्रोल मे प्रतिलिटर अनेकन नाम मे रु ४७ कर लेवेके कहत तत्काल विश्व बजार मुताविक मूल्य समायोजन करेके माग कइनी ।

सांसद राजेन्द्रप्रसाद गौतम भूमिसुधार मन्त्रालयअन्तर्गत सङ्खुवासभा मे विशेष नापी शुरु भईला मे स्थानीय जनता खुशी भईल उल्लेख कइनी ।

सांसद रामबाबुकुमार यादव सङ्घीयता कार्यान्वयन के सङ्घीय निजामती विधेयक आ नागरिकता विधेयक पारित मे देखल गईल देरी उपर ध्यानाकर्षण करवनी । सांसद रेणुका गुरुङ पूर्वप्रधान सेनापति के भ्रष्टाचार सम्बन्धी प्रकरण छानबिन कहाँ पुगल कहके सवाल कइनी ।

सांसद लक्ष्मणलाल कर्ण १० बरीस के जनयुद्धकाल मे तराई के जिल्ला मे हटावल गईल भन्सार कार्यालय आजु तक भी पुनःस्थापना काहे होखे ना सकल कहके सवाल कइनी । सांसद लक्ष्मी परियार प्रतिनिधिसभा मे उपसभामुख पद एतना लम्हर समय तक खाली राखेके कउनो कानूनी प्रावधान ना भईला पर निर्वाचन मे काहे देरी भईल कहके सवाल कइनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।