बीरगंज मे मिस नेपाल के अडिशन होखी
वीरगंज ०२ चईत,
द हिडन ट्रेजर से आयोजना करे लागल मिस नेपाल २०२० के खातिर वीरगंज मे इहे चईत ४ गते अडिशन होखेके जनावल गईल बा ।
वीरगंज मे आयोजक आजु पत्रकार सम्मेलन करत अडिशन के बारे मे जानकारी करवले बाडन । एकरा से पहिले नेपालगञ्ज, बुटवल, पोखरा आ बिर्तामोड के अडिशन पुरा भईल आ बितल समय मे भी वीरगंज से २ जने मिस नेपाल के उपाधि जितला से ई बरीस भी उत्साहजनक सहभागिता के अपेक्षा सहित वीरगंज मे आयोजना करे लागल द हिडेन ट्रेजर के अध्यक्ष दिवाकर राजकर्णिकार बतवनी ।
राजधानी केन्द्रित ना होके देश के मुख्य मुख्य शहर मे सभी के समेटत ८ गो शहर मे सञ्चालन करेवाला अडिशन एकरा से पहिले ४ गो शहर मे हो चुकल बा ।
अडिशन के खातिर प्लस टु पास कईल आ ५ फिट ४ इन्च उचाई भईल सभी जने सहभागी हो सकेके अध्यक्ष कर्णिकार बतवनी ।
अडिशन के खातिर सोमार के सँझिया ५ बजे से वीरगंज के भिस्वा होटेल मे सहभागिलोग के अभिमुखीकरण देवेके आ मंगर के दिने सबेरे ११ बजे से अडिशन शुरु कईल जाई ।
मिस एसिया प्यासिफिक २०१४ निलम चन्द सुन्दरी प्रतियोगिता क्षमता आ प्रतिभा भईल युवतिलोग के कोषेढुंगा सावित होखेके आपन अनुभव सुनवनी ।





