पेस्तोल सहित रौतहट से एक जने पकडईलें

रौतहट ३ चईत,

रौतहट से पेस्तोल सहित सोमार के दिने एक जने पकडाईल बाडन ।
पकडाएवाला मे यमुनामाई गाँवपालिका–३ राजपुर तुलसी के ४९ बरीस के शेष बैतुल्ला रहल बाडन ।

बैतुल्ला के साथ से चाइनिज पेस्तोल १ थान, कटुवा पेस्तोल १ थान, चाइनिज पेस्तोल मे प्रयोग होखेवाला १ थान म्याग्जिन आ ७.६५ एमएम के वाल राउण्ड २ थान बरामद भईल रौतहट के सशस्त्र प्रहरी उपरीक्षक रवीनराज कर्णजीत जानकारी देहनी ।

सशस्त्र पुलीस के गस्ती टोली चेकजाँच करेके समय मे उनका के यमुनामाई गाँवपालिका–३ राजपुर तुलसी से नियन्त्रण मे लेहल उ बतवनी ।
बरामद कईल हथियार सहित बैतुल्ला के जरुरी कारबाही के खातिर जिल्ला प्रहरी कार्यालय रौतहट मे बुझावल उ बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Check Also

Close
Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।