कोरोना सतर्कता अपनावे खातिर वीरगंज महानगर ५ लाख विनियोजन कईलख

वीरगंज ०७ चईत,
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण आवे ना देवे खातिर वीरगंज महानगरपालिका ५ लाख रोपेया खर्च करेके बतवले बा ।
भारत के अनेकन राज्य मे कोरोना के संक्रमण बढ रहल समय नेपाल के मुख्य प्रवेशद्वार के रुप मे रहल वीरगंज एकर संक्रमण से आउर बेसी जोखिम मे बा ।
कोरोना आवे ना देवे खातिर जरुरी क्रियाकलाप सञ्चालन करेके खातिर ५ लाख बजेट विनियोजन कईल वीरगंज महानगरपालिका के नगर प्रमुख विजयकुमार सरावगी जानकारी देहनी ।
६० सदस्यीय समन्वय समिति बनल
शुक के दिने बईठल सरोकारवाला के बईठक से कोरोना भाइरस के संक्रमण के आवे ना देवे खातिर वीरगंज महानगरपालिका मे ६० सदस्यीय समन्वय समिति गठन कईले बा ।
नगर प्रमुख सरावगी के संयोजकत्व मे समन्वय समिति गठन कईले बा । समिति मे महानगरपालिका के सभी वार्ड अध्यक्ष, वीरगंज स्थित अस्पताल के प्रमुख, अनेकन गैरसरकारी संस्था के प्रमुख तथा प्रतिनिधी आ समाजसेवी सदस्य रहल बाडन ।
समिति संक्रमण आवे ना देवे खातिर सीमाक्षेत्र मे भईल क्रियाकलाप के अनुगमन कईला के साथे संक्रमण से बँचेवाला उपाय के बारे मे सर्वसाधरण के सचेत बनावे के काम करेके बतावल गईल बा ।
कोरोना भाइरस विरुद्ध सतर्कता अपनावत नारायणी अस्पताल ईलाज के खातिर आवेवाला सेवाग्राही के थर्मल जाँच के बाद मात्र प्रवेश देवे लागल अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेण्डेण्ट डा.मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।
कोरोना विरुद्ध सचेतना अभियान सञ्चालन
सशस्त्र पुलीस के भन्सार स्थित गुल्म कोरोना भाइरस विरुद्ध सचेतना अभियान सञ्चालन कईले बा ।
गुल्म रहल वीरगंज भन्सार कार्यालय परिसर से मितेरीपुल तक माइकिङमार्फत कोरोना भाइरस के बारे मे सचेतना जगावल गईल डीएसपी अमर खत्री जानकारी देहनी ।






