वीरगंज से कालाबजारी आ लकडाउन अवज्ञा करेवाला पकडईलें

वीरगंज १४ चईत,
लकडाउन के समय मे कालाबजारी कईल आरोप मे वीरगंज के छपकैया से पुलीस एक जने के पकडले बा ।
कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण फईले ना देवे खातिर आव्हान कईल लकडाउन के समय मे कालाबजारी कईल आरोप मे वीरगंज महानगरपालिका–१ छपकैया के ५० बरीस के जगनारायण पटेल पकडाईल बाडन ।
कालाबजारी नियन्त्रण के खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय पर्सा से खटल टोली बियफे के सँझिया साढे ८ बजे के समय मे ७० किलो आलु आ २५ किलो प्याजसहित पटेल के नियन्त्रण मे लेहले रहे ।
बजार मूल्य से दोब्बर, तेब्बर दाम मे आलु आ पियाज प्रति किलो १ सय रोपेया के दर से कालाबजारी करके बेच रहल अवस्था मे पटेल के पकडल गईल पर्सा के प्रहरी प्रवक्ता डीएसपी वीरेन्द्र शाही जानकारी देहनी ।
एहितरे लकडाउन के अवज्ञा करके रामटोलस्थित सडक बगल मे मछरी बिक्री कररहल अवस्था मे पुलीस वीरगंज–७ रामटोल के २९ बरीस के पप्पु साह तुरहा के पकडले बा । वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता से गईल टोली १५ किलो मछरी सहित तुराहा के नियन्त्रण मे लेहले रहे ।
लकडाउन के अवज्ञा करके सडक बगल मे मछरी बिक्री कर रहल अवस्था मे उनका के नियन्त्रण मे लेके जरुरी कारबाही प्रक्रिया अगाडि बढावल गईल वडा प्रहरी कार्यालय विर्ता के प्रहरी निरीक्षक निर्मल पनेरु जानकारी देहनी ।





