अवज्ञा तथा उल्लघन करेवाला १६ जने डन्डित भईलन

प्रभु यादव ,
बारा १६ चईत
नेपाल सरकारक से निर्णय तथा जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा से जारी कईल गईल निषेधाज्ञा आदेश के पालना करावे खातिर उल्लघन करेवाला १६ जने के बारा प्रहरी पकडले बाडन ।
पकडलोग मे से एक जने के सार्वजनिक हित, स्वास्थ्य, सुरक्षा,सुविधा आ नैतिकता विरूद्ध के कसूर अन्तर्गत अभद्र व्यवहार मुद्दा दर्ता कईल गईल बा प्रहरी नायव उपरिक्षक गौतम मिश्र जनकारी देहले बाडन ।
११ जने के संक्रामक रोग ऐन २०२० अनुसार कारवाही के खातिर जिल्ला प्रशासन कार्यालय बारा मे पठावल गईल आ ४ जने के अब उप्रान्त आदेश उलंघन ना करे के सम्झा बुझाव कर के छोडल गईल प्रहरी प्रवक्ता मिश्रा जनकारी करावले बानी ।
अवज्ञा तथा उल्लघन करेवाला ६४ गो मोटरसाइकल, ४ गो ट्रक आ ट्रेक्टर-१ गो के डकुमेन्ट तथा गाडी समेत नियन्त्रण मे लेके जरिवाना कर के छोडल गईल मिश्र जनकारी देहनी ।






