नेकपा के नेता पासवान ६ हजार माक्स बँटनी

प्रभु यादव
बारा १७ चईत,
बारा जिल्ला के पचरौता नगरपालिका निवासी नेकपा के नगर सदस्य एवं समाजसेवी शम्भु पासवान पचरौता नगरपालिका वार्ड नम्बर ९ मे रहल ४ गो टोल मे करिब ६ हजार मास्क बँटले बानी ।
आपन निजी लगानी मे उ मास्क प्रति घर ४ थान के दर से वार्ड के अमरपर्टी, बाजोपर्टी, छपकहिया मे बाँटल गईल जनावल बा ।
उ अवसर मे नेकपा के जिल्ला सदस्य मगनी मुखिया बिन, नेता गगनदेव यादव, तराई पब्लिक वोर्डिङ्ग स्कुल के प्रिन्सिपल चन्दन यादव, पुर्व गाविस अध्यक्ष गोबरी राय यादव, समाजसेवी प्रेम नारयण चौधरी, स्थानिय संझन यादव, अजय चौधरी, बृजकिशोर यादव आ सुरक्षा वेश क्याम्प लगडाचोक के प्रहरी सहायक निरिक्षक रबिन्द्र कुमार मिश्र लगायत के सहभागीता रहल रहे ।
कोरोना भाईरस से बँचे खातिर सावधानी अपनावे मे सहजोग पुगेके उदेश्य से उ मास्क बाँटल गईल बतावत पासवान नगरपालिका के ९ गो वार्ड मे करिब २० हजार मास्क बाँटेके भी पासवान बतवनी ।





