सप्तरी मे पटना से आईल ८ जने क्वारेन्टाइन मे

सप्तरी १९ चईत,

सुनसरी, सप्तरी आ सिराहा जिल्ला से भारत के राजधानी नयाँ दिल्ली मे आयोजना कईल मुस्लिम धार्मिक सभा (जमात) मे सहभागी होखे गईल माकिर उहाँ तक ना पुग के फिर्ता भईल आठ जने के सप्तरी के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल बा । क्वारेन्टाइन मे पाँच जने सुनसरी के, दु जने सप्तरी के आ एक जने सिराहा के बाडन ।

दिल्ली जमात मे जाएके कहत पटना तक पुग के फिर्ता भईल उलोग के सप्तरी के बोदे बर्साइन नगरपालिका–५ स्थित चन्द्रा मावि के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल बा । पटना पुगला के बाद भारत मे रेल ना चलला पर खुदसब दिल्ली जाए ना सकल क्वारेन्टाइन मे रहल लोग के बतवले बाडन ।

नेपाल फिर्ता भईला पर इहाँ भी लकडाउन लागू भइल रहे । सप्तरी के बेल्ही नाका से नेपाल फिर्ता होखेके समय मे पुलीस उलोग के नियन्त्रण मे लेके क्वारेन्टाइन तक पुगावल गईल बा ।

बोदे बर्साइन नगरपालिका के स्वास्थ्य शाखा प्रमुख ऐयुब राइन उलोग के बितल चईत १६ गते क्वारेन्टाइन लियावल जानकारी देहनी । अभी उलोग के स्वास्थ्य अवस्था सामान्य रहल बतावत राइन तत्काल कोरोना सम्बन्धी लक्षण ना देखल गईल बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।