लकडाउन वैशाख १५ गते तक बढावे के मन्त्रिपरिषद के निर्णय
काठमाण्डु २ वैशाख,
सरकार से कोरोना भाइरस रोकथाम के खातिर जारी राखल लकडाउन वैशाख १५ गते तक बढावे के निर्णय कईले बा ।
मंगर के दिने बईठल मन्त्रिपरिषद बईठक से लकडाउन वैशाख १५ गते तक बढावे के निर्णय कईले बा ।
बईठक से वैशाख १८ गते तक हवाई उडान स्थगित करेके निर्णय कईल एक मन्त्री जानकारी देहनी ।
कोरोना भाइरस के संक्रमण रोकथाम के खातिर कहत सरकार चईत ११ से लकडाउन कईले बा ।
सुरु मे एक हप्ता के खातिर कईल लकडाउन बढावत वैशाख ३ गते तक कायम राखल रहे । लकडाउन ओराएके एक दिन पहिले बईठल मन्त्रिपरिषद बईठक से आउर १२ दिन लकडाउन करेके निर्णय कईले बा ।
लकडाउन के समय मे खाद्यवस्तु किनेके आ आकस्मिक काम से अस्पताल जाए देवेके माकिर आउर काम के खातिर बाहर निकले खातिर पुलीस रोकले बा ।
नेपाल मे अभी तक १६ जने मे कोरोना भाइरस संक्रमण देखल गईल बा । पिछिलका समय मंगर के दिने काठमाण्डु पेप्सीकोला के सनसिटी अपार्टमेन्ट मे रहेवाला एके परिवार के दु जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।




