कोरोना परीक्षण करे खातिर वीरगंज आइल पीसीआर मेसिन

- वीरगंज ०४ बैशाख,
कोरोना संक्रमण परीक्षण करेवाला प्रयोगशाला के खातिर जरुरी पडेवाला पीसीआर मेसिन वीरगंज लिआईल बा । माकिर आउर उपकरणसब ना भईला से तत्काल कोरोना संक्रमण परीक्षण करे ना मिलेके अधिकारीलोग बतवले बाडन ।
प्रदेश–२ सरकार वीरगंज के उपलब्ध करावे के कहल पीसीआर मेसिन बुध के रात अबेर तक आइल नारायणी अस्पताल के अधिकारी बतवले बाडन ।
सामान जुटावे खातिर पहल हो रहल नारायणी अस्पताताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट डा मदन उपाध्याय जानकारी देहनी ।
“प्रदेश आ संघ सरकार के विशेष सहजोग से वीरगंज मे पीसीआर मेसिन त आइल बा” कहत उ “मलेकुलर ल्याब बहुते संवेदनशील ल्याब ह, सञ्चालन मे लियावे चाहेवाला आउर औजार उपकरण के व्यवस्थापन ना भईल अवस्था बा । ओकरा खातिर पहल हो रहल बा ।”
ल्याब सञ्चालन मे लियावे खातिर बायोसेफटी क्याबिनेट, लेमिनर एयर फलो, डिफ्रिज, पीसीआर हुड, कोल्ड सेन्टिफ्रिज लगायत औजार उपकरण जरुरी पडेके विज्ञ बतावेलन ।
“जरुरी औजार उपकरण बजार मे सहजे ना मिली, आयातकर्ता भी कम बाडन, समान महंगा बा” मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट उपाध्याय कहनी कि, “ओहिसे तत्काल मेसिन सञ्चालन मे लियावे मे मुस्किल होखी, समान अईला पर ५÷७ दिन मे सञ्चालन मे लियावल जा सकता ।”
जरुरी औजार, उपकरण के व्यवस्था मिलावे खातिर प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री, स्वास्थ्य मन्त्रालय के अधिकारी लगायत आउर सरोकारवाला निकाय के निहोरा कईल उ बतवनी ।
एकरा से पहिले प्रदेश २ के मुख्यमन्त्री लालबाबु राउत गद्दी वीरगंज मे मंगर से कोरोना परीक्षण सेवा शुरु होखेके दावी कईले रहनी ।






