कोल्हवी क्वरेन्टाइन से तीन जने घर गईलें

प्रभु यादव
बारा ०९ बैशाख
बारा जिल्ला के कोल्हबी नगरपालिका से कोरोना संक्रमण फईले ना देवेला वार्ड नम्बर ४ मे श्री नेपाल राष्ट्रिय नमुना माध्यमिक बिद्यालय सपही मे निर्माण भईल क्वारेन्टाइन मे से तीन जने के घर भेजल गईल बा ।
क्वरेन्टाइन मे रहल नव जने मेसे मगर के दिन तीन जने के घर पेठावल गईल जनकारी भईल बा । भारत मे कामाए गईल लोग घरे आईला पर वार्ड नम्बर सात के वार्ड अध्यक्ष बिरेन्द्र प्रसाद चौधरी सकृयता के साथ पहल कईला पर सपही के क्वारेन्टाइन मे राखल गईल ।
नेपाल सरकार से बनावल तीन हप्ता अर्थात २१ दिन क्वारेन्टाइन मे राखला के बाद भि कोरोना भाइरस के कवनो किसिम के लक्षण समेत ना देखला के वाद घर पेठावल गईल बा ।
क्वरेन्टाइन से घर पेठावल लोग के घर के सचेत होके रहे के सुझाव सहित फुल के गुच्छा देके नगर प्रमुख भरत बहादुर भण्डारी कवनो किसिम के लाज संकोच ना मान के समेत निहोरा कईले रहनी ।
आउर लोग के स्वास्थ्य अवस्था देख के नेपाल आयाल समय आ क्वारेन्टाइन मे बइठल समय सब के मूल्याङ्कन कर के घर पेठावल जाई मेयर कहनी ।
कोल्हबी लगायत जिल्ला के विभिन्न क्वारेनटाइन मे बईठल लोग मे कवनो लोग मे कोरोना भाइरस के लक्षण ना देखल गईल कहत मेयर सामान्य लक्षण देखला पर जिल्ला के आइसोलेसन मे राखे के तयारी कईल जाई ।
केहु संक्रमित भेटला पर कोरोना भईल लक्षण देखला पर उपचार के खातिर जिल्ला के आइसोलेसन बेड तइयारी अवस्था मे रहल जानकारी भईल बा ।
जिल्ला के बहुते ठाँव मे निमार्ण भईल क्वारेन्टाइन मध्ये कोल्हबी मे राखिहल क्वारेन्टाइन मे निमन ब्यवस्थित भईला से जनकारी करावले बानी । जिल्ला मे दुसरा नमुना के रुप मे रहल जिल्ला प्रमुख रुद्र प्रसाद पंडित प्रशंसा करत नगर प्रमुख भण्डारी खुशि आ धन्यवाद समेत ब्यक्त कईन ।
कोरोना भाइरस अर्थात कोभिड १९ के महामारी से बँचे आ बँचावे खातिर कोल्हबी नगरपालिका क्वारेन्टाइन निर्माण करके ब्यब्स्थापन समिति के संयोजक के रुप मे संयोजन आ काम करेके जिम्मेवारी देहला मे वार्ड नम्बर चार के वार्ड अध्यक्ष भेष बहादुर ढकाल नगर बिपद ब्यबस्थापन समिति के आ २१ दिन तक अनुशासित लगायत मर्यादित तरिका से क्वारेन्टाइन मे रहला से मन्तब्य के समय मे धन्यवाद ब्यक्त कईले रहनी ।
उ कार्जक्रम मे प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत हरेन्द्र कुमार श्रेष्ठ, नगर जनस्वास्थ्य संयोजक मोहम्मद सबिर, वार्ड नम्बर सात के वार्ड अध्यक्ष बिरेन्द्र प्रसाद चौधरी, बारा उद्योग बाणिज्य संघ शाखा कार्यालय कोल्हबी के अध्यक्ष महेश कुमार साह, समाजसेवी तथा सपही कलेज के संयोजक रामप्रसाद चौधरी, ईलाका प्रहरी कार्यालय कोल्हबी के प्रहरी निरिक्षक बालिस्टर सिंह, चिकित्सक सुनिल बोगटी मनोज चौधरी लगायत के सहभागीता रहल रहे ।






