माक्र्स एक हजार बरीस एने के महान् दार्शनिक : अध्यक्ष दाहाल

काठमाण्डु, २३ वैशाख,

नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी (नेकपा) के कार्यकारी अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल ‘प्रचण्ड’ सर्वहारा वर्ग के महान् नेता कार्ल माक्र्स के २०२ वाँ जन्म दिवस के अवसर मे आजु शुुभकामना व्यक्त कईले बानी ।

अध्यक्ष दाहाल माक्र्स एक हजार बरीस एने के महान् दार्शनिक रहल बतावत सर्वहारा वर्ग मात्र ना, उनकर दर्शन आ प्रतिपादित सिद्धान्त के पूँजीवादी दुनियाँ से भी मानल बतवले बानी ।

उ महान् दार्शनिक माक्र्स उपर उच्च सम्मान व्यक्त करत विश्व सर्वहारा वर्ग आ उत्पीडित जनसमुदाय के मुक्ति के प्रणेता के रूप मे स्मरण कईले बानी ।

अध्यक्ष दाहाल २१ वाँ शताब्दी मे माक्र्सवाद के रक्षा, प्रयोग आ विकास के खातिर विचार के विकास कईल जरुरी रहल स्पष्ट कईले बानी ।

विश्व महामारी के रूप मे देखल गईल कोरोना भाइरस के चलते कमाके खाएवाला श्रमजीवी जनसमुदाय सब से बेसी पीडा मे रहल उल्लेख करत अध्यक्ष दाहाल उलोग के समस्या समाधान करे खातिर सम्बन्धित सभी मे निहोरा करत बानी ।

उ माक्र्स के जन्मदिवस के अवसर मे विश्वभर के सभी सर्वहारा जनसमुदाय मे सुस्वास्थ्य आ उत्तरोत्तर प्रगति के कामना भी कईले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।