डा. चौरसिया के टिमद्धारा लरकोर जनानी के सहजोग

वीरगंज २९ बैशाख
नारायणी अस्पताल के तीन जने चिकित्सक गरिब बिपन्न परिवार के आपन निजी खर्च से राहत बँटले बानी ।
वीरगंज महानगरपालिका १६ लक्ष्मीनगर के एक लरकोर जनानी आ बच्चा के डा. दिपक चौरसिया, डा. बिवेकमनी याद, रामाकान्त ठाकुर नगद ५ हजार सहित दवाईसब सहजोग कईले बानी ।
आजु सबेरे राजेश यादव कहेवाला आदमी के फेसबुक पोष्ट “एक जने मजदुर के मेहरारु रात के १२ः२० मे बच्चा के जन्म देहले रहनी, उनका खाए आ ईलाज के खातिर बहुते हि समस्या बा, ६ महिना से घर के भाडा भी देवे नइखन सकल ।
केहु से कहके सुइ लगवा दि ना बेचारा के छटपटाहट देख के आपन मन एक छिन दुःखी भईल फेनु उनकर मेहरारु बेमार भी बाडि ।
नारायणी अस्पताल भी बन्द बा, हम कहाँ लेजाई का करीं कहके उनकर उ पिडा देख के हमरा सबेरे ई वाल मे लिख के सेयर करेके मन लागल, सहजोगी हाथसब हमनी के देश के महानायकलोग अपनेलोग से होखे सकेवाला सहजोग करेके पडल ।”
देखला के बाद मन मे सहजोग के भावना जागल डा. चौरसिया बतवनी ।
डा. चौरसिया सहित के टिम पिडित मजदुर के घर मे पुग के बच्चा आ लरकोर मातारी के तत्काल करावेवाला सुई आ कुछ दवाईसब भी सहजोग कईल राजेश यादव बतवनी ।
हमर फेसबुक पोष्ट देखके अईसन मनकारी चिकित्सकलोग से सहजोग कईला मे हृदय से हि धन्यबाद भी यादव देहले बानी ।






