भिडभाड के बीच मेयर कईलें स्वास्थ्य चौकी के उदघाटन

जनकपुरधाम ३ जेठ
लकडाउन के समय मे भी धनुषा के विदेह नगरपालिका के मेयर बडका जमघट के बीच औपचारिक कार्जक्रम मे सहभागी भईल बानी ।
मेयर बेचन दास नगरपालिका के वार्ड नं १ के झिझा टोल मे रहल सामुदायिक भवन मे आयोजना कईल कार्जक्रम मे रिबन काट के आधारभूत स्वास्थ्य चौकी के उदघाटन कईले रहनी ।
उ रिबन काट रहल समय आरीपाछि भिड जम्मा भईल रहे ।
जहाँ कुछ आदमी मात्र मास्क पहिनले रहलन । मेयर दास भिड ना कईल दाबी कईले बाडन ।
“बहुते आदमी कहाँ बा आ हमर नगरपालिका के कर्मचारी आ स्वास्थ्यकर्मी रहलन” कहके बतवनी । माकिर कार्जक्रम मे भिड भईल उ स्वीकार कइनी ।
भिड भईला के बाद दूरी कायम करावे खातिर १६ जने पुलीस बोलावल बतवनी ।
एकरा से पहिले शुक के दिने धनुषा के शहीद नगरपालिका–८ के विद्यालय लईकालइकी के भेला करके पाठ्यपुस्तक वितरण कईले रहलन ।






