आउर १३ जने मे कोरोना पुष्टि, संक्रमित संख्या १८ सय से बेसी

काठमाण्डु १९ जेठ

सोमार के सँझिया आउर १३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । ई सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमित के संख्या १८ सय से बेसी पुगल बा ।

स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय सोमार के दिने नियमित पत्रकार सम्मेलन मे २२६ संक्रमित थपाईल बतवले रहे ।

सँझिया सवा ६ बजे आउर १३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल जनवले बा । ई सँगे आजु एके दिने २ सय ३९ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

आजु सँझिया घोषणा कईल १३ जने मे कपिलवस्तु के मायादेवी गाँवपालिका के ७ जने बाडन । एहितरे पाल्पा निस्दी गाँवपालिका के २ जने, नवलपरासी के सरावल गाँवपालिका के १ जने, गुल्मी के रेसुंगा नगरपालिका के १ जने आ रुपन्देहीको गैडहवा के २ जने बाडन ।

कपिलवस्तु मे ४७ जने थपईलें
एकरा सँगे कपिलवस्तु मे एके दिन ४७ जने संक्रमित थपाईल बाडन । उमेसे १२ जने शिवराज के क्वारेन्टिन मे बाडन । उलोग १९ से ५५ बरीस के बाडन । हरिहरपुर के ८ जने बाडन ।

उलोग १९ से ३८ बरीस के बाडन । एहितरे रंगीलाल मावि के क्वारेन्टिन मे रहल ११ जने के रिपोर्ट भी पोजेटिभ आईल बा । उलोग १७ से ३५ बरीस उमिर समूह के बाडन ।

महाराजगञ्ज के २ जने ३० आ ३३ बरीस के पुरष आ बाणगंगा के २ जने ३१ आ ३८ बरीस के जनानी मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

कपिलवस्तु के चन्द्रौटा के क्वारेन्टिन मे रहल ३ जने आ रघु सामुदायिक स्कुल के क्वारेन्टिन मे २ जने २७ आ ४६ बरीस के पुरुष मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा । एहितरे दैलेख मे ४१ जने संक्रमित थपाईल बाडन ।
उलोग मेसे नारायण नगरपालिका के २५ जने बाडन ।

कर्णाली स्वास्थ्य विज्ञान प्रतिष्ठान मे कईल परीक्षण मे १७ से ३५ बरीस के ९ जने आ सुर्खेत मे कईल परीक्षण मे १० से ३६ बरीस के १६ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

दुल्लु नगरपालिका के ७ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । संक्रमित होखेवाला मे २३ आ ३० बरीस के दु जनानी बाडि आ दु बरीस के लईका से ३९ बरीस के पुरुष बाडन ।

एहितरे देवकाँडा के ३ जने १८ से ३८ बरीस के पुरुष, सिमडा के २ जने २४ आ ३९ बरीस के पुरुष, सोत के ३५ बरीस के पुरुष, सादु के २२ बरीस के पुरुष आ जुकेपानी के ६० बरीस के पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

महावु गाँवपालिका के २५ बरीस के पुरुष के रिपोर्ट भी पोजेटिभ आईल स्वास्थ्य मन्त्रालय जनवले बा ।

एहितरे जुम्ला मे १९ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । हिमा के ८ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

उलोग २३ से ६३ बरीस उमिर के पुरुष बाडन । सिन्जा के ९ जने बाडन । उलोग १२ से ४५ बरीस के बाडन ।

जुम्ला मे कार्यरत २७ आ ३४ बरीस के पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

सल्यान के १० जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । उलोग वनगाढ कुपिण्डे के २० से ४० बरीस के पुरुष बाडन । सुर्खेत बराहताल के ५ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा । उलोग २० से २६ बरीस के बाडन ।

रौतहट मे १८ जने संक्रमित थपाईल बाडन । परोहा के १४ जने संक्रमित १९ से ४५ बरीस के पुरुष बाडन । यमुनामाई गाँवपालिका के ४ जने बाडन ।

संक्रमित होखेवाला मे २० बरीस के जनानी आ २२ से ३५ बरीस के तीन पुरुष बाडन ।

बाँके मे ७ जने संक्रमित थपाईल बाडन । उलोग डुडवा के १७ से ३५ बरीस के पुरुष बाडन ।
दाङ के ९ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा । संक्रमित होखेवाला मे तुलसीपुर उपमहानगपालिका के ५ जने बाडन ।

उलोग १८ से २३ बरीस के पुरुष बाडन । गडवा के २ जने २४ आ ३६ बरीस के पुरुष, लमही के ४० बरीस के पुरुष आ राप्ती के ३६ बरीस के पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

धनुषा मे ७ जने संक्रमित थपाईल बाडन । उलोग मेसे धनौजी के ४ जने बाडन । उलोग १८ से ३२ बरीस के बाडन । हंशपुर के दु जने १९ आ २० बरीस के पुरुष आ प्रादेशिक अस्पताल मे ईलाज करा रहल २१ बरीस के पुरुष के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

एहितरे सिराहा के सूर्यनारायण सत्यनारायण क्वारेन्टिन मे रहल ५ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल मन्त्रालय जनवले बा । उलोग १८ से ६० बरीस के बाडन ।

जनकपुर के प्रादेशिक अस्पताल मे रहल उदयपुर के ३१ बरीस के पुरुष मे भी संक्रमण पुष्टि भईल बा । महोत्तरी मे २ जने थपाईल बाडन ।

लहोरपट्टी क्वारेन्टिन मे रहल उलोग दुनु १८ बरीस के बाडन ।
सर्लाही के ३८ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा । उलोग सभी जनता मावि के क्वारेन्टिन मे बाडन ।

संक्रमित होखेवाला मे ९ बरीस के ५ जने जनानी बाडि आ आउर पुरुष बाडन । एहितरे कैलाली मे १४ संक्रमित थपाईल बाडन ।

२ बरीस के लइकी सहित तीन जनानी बाडि आ ११ पुरुष बाडन । उलोग ५ बरीस के लईका से २७ बरीस के बाडन ।

कञ्चनपुर मे ११ महिने लईका, अछाम मे एक बरीस के लईका, बैतडी के ३४ बरीस के पुरुष, डोटी के २५ बरीस के पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
झापा बारादशी के ३२ आ ४६ बरीस के पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।

नवलपरासी पूर्व कावासोती के २ जने २२ आ ३६ बरीस के पुरुष, विणा त्रिवेणी के १४ बरीस के लईका के भी कोरोना परीक्षण रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा ।

एहितरे मनवानपुर के ६१ बरीस के जनानी मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । नर्भिक अस्पताल मे ईलाज करा रहल उनका के अभी पाटन अस्पताल लेगईल बा ।

एकरा सँगे नेपाल मे कोरोना संक्रमित के सख्ंया १८११ पुगल बा । उलोग मेसे ८ जने के मृत्यु भईल बा आ २२१ जने ठिक होके घर फिर्ता गईल बाडन ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।