आउर ३३४ मे कोरोना संक्रमण, संक्रमित के संख्या २६ सय से बेसी

काठमाण्डु २२ जेठ
पिछिलका २४ घण्टा मे आउर तीन सय ३४ जने मे कोरोना भाइरस (कोभिड–१९) के संक्रमण पुष्टि भईल बा । एकरा सँगे नेपालभर कुल संक्रमित के संख्या २६ सय से बेसी पुगल बा ।
स्वास्थ्य तथा जनसंख्या मन्त्रालय के नियमित ब्रिफिङ मे मन्त्रालय के प्रवक्ता डा. विकास देवकोटा से देहल जानकारी मुताविक दैलेख मे मात्र एक सय १३ जने संक्रमित थपाईल बाडन ।
उलोग मेसे एक सय आठ जने नारायण नगरपालिका आ सात जने नौमुले नगरपालिका के क्वारेन्टिन मे बाडन ।
एहितरे रौतहट मे ६५ जने संक्रमित थपाईल बाडन ।
थपाईल संक्रमित मेसे इशनाथ नगरपालिका के ४६, गुजरा के ८, गढीमाई के सात जने बाडन आ चन्द्रपुर माधवनारायण, फतुवा विजयपुर नगरपालिका आ दुर्गा भगवती गाँवपालिका के एक÷एक जने बाडन । उलोग सभी भारत से फिर्ता होके अभी क्वारेन्टिन मे रहल आदमीसब बाडन ।
एहितरे बाँके के ४२ जने के रिपोर्ट पोजेटिभ आईल बा । उलोग मेसे ४० जने जानकी गाँवपालिकाका– १ के बाडन । भारत से फिर्ता भईल उलोग क्वारेन्टिन मे रहलन ।
एहितरे दु जने नेपालगंज उपमहानगरपालिका वार्ड नम्बर १२ आ १५ के बाडन ।
कपिलवस्तु मे २९ जने संक्रमित थपाईल बाडन । उलोग मेसे १२ जने कृष्णनगर के १७ से ५२ बरीस के पुरुष बाडन ।
एहितरे, यशोधरा के ओडरी मावि आ जनता चेतना मावि के क्वारेन्टिन मे रहल १२ जने मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । उलोग मेसे एक २६ बरीस के जनानी बाडि आ ११ जने २१ से ४८ बरीस के पुरुष बाडन ।
दाङ मे १५ जने संक्रमित थपाईल बाडन । घोराही उपमहानगर तथा राजपुर, बंगलाचुली आ बबई गाँवपालिका के उलोग मेसे एक २३ बरीस के जनानी बाडि आ आउर १६ से ३६ बरीस के पुरुष बाडन ।
सप्तरी के १३ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
राजविराज, हनुमानगर कंकालिनी, छिन्नमस्ता आ शम्भुनाथ नगरपालिका के क्वारेन्टिन मे रहल उलोग १७ से ४८ बरीस के पुरुष बाडन ।
बारा मे १२ जने संक्रमित थपाईल बाडन । उलोग मेसे ७ जने आदर्श कटुवाल बाडन । संक्रमित मेसे एक ३० बरीस के जनानी बाडि आ आउर १३ से ३० बरीस के पुरुष बाडन ।
एहितरे महानगढीमाई नगरपालिका, विश्रामपुर आ सुवर्णपुर गाँवपालिका के ५ जने मे संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
बागलुङ मे १०, पर्वत मे ४, स्याङ्जा आ म्याग्दी मे एक–एक जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
झापा मे ५ जने संक्रमित थपाईल बाडन । उलोग मेसे भद्रपुर के तीन जने २६ से ५६ बरीस तथा कचनाकवल के दु जने १७ आ २५ बरीस के पुरुष बाडन ।
धनुषा मे छ जने संक्रमित थपाईल बाडन । उलोग जनकपुर के हउवन आ संक्रमित मेसे एक जने ३० बरीस के जनानी बाडि आ आउर ३३ से ३७ बरीस उमिर के पुरुष बाडन ।
महोत्तरी के भंगाह नगरपालिका के ३ जने के रिपोर्ट भी पोजेटिभ आईल बा । उलोग १९ से ३६ बरीस के पुरुष बाडन । एहितरे सर्लाही मे आउर ३ जने संक्रमित मिलल बाडन ।
डोटी मे आउर ३ जने मे कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा । उलोग दीपायल सिलगढी नगरपालिका आ पूर्वचौकी गाँवपालिका के बाडन । एहितरे खोटाङ हलेसी के ३ जने मे भी संक्रमण देखल गईल बा ।
मोरङ के सुन्दर हरैंचा के २४ बरीस के पुरुष, पर्सा पोखरिया के १५ बरीस के किशोरी, सिन्धुली के कमलामाई नगरपालिका के २३ बरीस के पुरुष तथा सुनसरी भोक्राहा के क्वारेन्टिन मे रहल ताप्लेजुङ के ३५ बरीस के पुरुष आ मोरङ के ३० बरीस के पुरुष मे भी कोरोना संक्रमण पुष्टि भईल बा ।
एकरा सँगे नेपाल मे संक्रमित के संख्या २६ सय ३४ पुगल बा । उलोग मेसे १० जने के मृत्यु भईल बा आ दु सय ९० जने कोरोना मुक्त भईल स्वास्थ्य मन्त्रालय जनवले बा ।






