क्वारेन्टिन जेल आ घारी घर जईसन भईल’

काठमाण्डु, २५ जेठ

राष्ट्रियसभा के बईठक मे बोलेवाला सांसद कोरोना भाइरस के जोखिम से नागरिक के बँचावे खातिर क्वारेन्टिन व्यवस्थित रूप मे सञ्चालन करे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवले बाडन ।

आजु के विशेष समय मे नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के खिमलाल भट्टराई क्वारेन्टिन व्यवस्थित होखे ना सकला से ओकरा ओरी सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।

“क्वारेन्टिन व्यवस्थित होखे नइखे सकल, पुलिस के हिरासत, जेल जईसन भईल”, सत्तापक्ष नेकपा के प्रमुख सचेतक भट्टराई कहनी कि, “क्वारेन्टिन शौचालय, सामाजिक दूरी कायम करके रहेवाला व्यवस्था, पिसिआर परीक्षण, मास्क, सेनिटाइजरयुक्त होखेके पडल ।”

उ गर्मी के मौसम भईला से तराई मे मोछरदानी के व्यवस्था करेके भी माग कइनी ।

“क्वारेन्टिन के हि आइसोलेशन वार्ड बनावे के अवस्था मे ईलाज के आउर ध्यान देके भेन्टिलेटर बढावल जरुरी बा”, कहत सांसद भट्टराई, “राहत के सन्दर्भ मे सरकार सही निर्णय कईले बा, स्थानीय तह राहत के व्यवस्थापन करेके बात मे ध्यान देरहल बा, भुखे मरेके अवस्था आवे ना देवेके चाहिं ।”

उ स्थानीय तह के जनप्रतिनिधि के मानवीय काम के खातिर केहु के भी आदेश भा निर्देशन जरुरी ना परेके जनावत क्वारेन्टिन मे रहललोग के खातिर भुख से बँचावे के बात मे जोड देहनी ।

सांसद भट्टराई रोजगारी गुमाके अलपत्र पडल के स्वदेश लियावे के काम स्वागतयोग्य बा कहत ओकर उचित व्यवस्थापन करे खातिर सरकार के चुकेके ना होखी कहके बतवनी ।

उ खेतीपाती के मौसम शुरु भईला से मल आ बीया के समस्या होखे ना देवे खातिर ध्यानाकर्षण करावत दूध, तरकारी आ फलफूल बजार मे पुगावे मे ध्यान देवेके माग कइनी ।

सांसद भट्टराई एसइई आ दशजोड दु के परीक्षा सम्बन्धित विद्यालय से देवेके व्यवस्था करे खातिर शिक्षा, विज्ञान तथा प्रविधि मन्त्रालय के ध्यानाकर्षण करवनी ।

य गणतन्त्र, सार्वभौमसत्ता आ स्वाधीनता उपर के प्रहार रोके खातिर सभी लागेके बात मे जोड देहनी ।

पिसिआर मे जोड
नेकपा के चक्रप्रसाद स्नेही सुदूरपश्चिम मे आरडिटी कईला पर पाँच छ सय जने मे कोरोना फईलल बुझल गईल जनावत डडेलधुरा जिल्ला मे भेन्टिलेटर के व्यवस्था करेके आ आरडिटी मे विश्वसनीयता ना देखल गईला से पिसिआर के बढावे खातिर सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।

नेपाली काँग्रेस के रमेशजंग रायमाझी क्वारेन्टिन गाई के घारी जईसन भईल आ आदमी दिनभर क्वारेन्टिन मे रहके घर मे जा रहल देखल गईला से ओकरा ओरी सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।

“कोरोना ६८ जिल्ला मे फईलल बा, फिरभी सरकार सामान्य रूप मे लेहले बा, नेपाली जनता के बँचावे खातिर सरकार से ध्यान देवेके पडि”, कहत सांसद रायमाझी कहनी कि, “स्वास्थ्यकर्मी के पर्याप्त मात्रा मे स्वास्थ्य उपकरण नइखे, स्वास्थ्य सामान के कमी बा, पिपिई आ मास्क मे काला बजारी हो रहल बा, सरकार नागरिक के जिम्मा लेवेके पडि ।”

सांसद रायमाझी बन्दाबन्दी के अवस्था मे सरकार के पईसा जरुरी पडल कहके तत्काल कर मागे ना मिलेके बतवनी ।

काँगे्रस के तारादेवी भट्ट सुदूरपश्चिम मे कोरोना भाइरस के जोखिम बढत गईला से क्वारेन्टिन के व्यवस्थित करके पिसिआर परीक्षण के दायरा बढावे के सरकार के ध्यानाकर्षण करवनी ।

राष्ट्रिय जनता पार्टी के मृगेन्द्रकुमार सिंह यादव कोरोना से जनता के बँचावे खातिर पिसिआर परीक्षण के बढावेके आ क्वान्टिन व्यवस्थित कईल जरुरी भईल उनकर कहनाम रहे ।

सांसद यादव कहनी कि, “हम निहोरा करेम सरकार गम्भीर बनेके पडल, रु १० अरब कहाँ खर्च भईल बा ? बेमारी से १३ जने मरलन मारिक भुख से भी मरेके अवस्था मे पुगल बाडन ।”

समाजवादी पार्टी के प्रमिला कुमारी तथा नेकपा के रामलखन चमार, रामनारायण बिंडारी आ जीवन बुढा कोरोना भाइरस संक्रमण के जोखिम से बँचावे खातिर क्वारेन्टिन व्यवस्थित करे लागल सरकार के ध्यानाकर्षण करवले रहनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।