स्वास्थ्य चौकी भवन निर्माण स्थल विवाद से वार्ड कार्यालय मे तालाबन्दी

वीरगंज ०७ असाढ
पर्सा के ठोरी गाँवपालिका वार्ड नं १ के वार्ड कार्यालय मे स्थानीय वासिन्दा तालाबन्दी कईले बाडन ।
वार्डबासी के अपायक पडेवाला जगहा मे स्वास्थ्य चौकी बनावे लागल कहत उलोग विरोध मे वार्ड कार्यालय मे तालाबन्दी कईले बाडन ।
उलोग के विरोध के चलते आजु स्वास्थ्य चौकी भवन गाँवपालिका अध्यक्ष पीएल श्रेष्ठ शिलान्यास कार्जक्रम भी स्थगित भईल बा ।
स्वास्थ्य मन्त्रालय सामुदायिक स्वास्थ्य इकाई के स्वास्थ्य चौकी मे स्तरोन्नती के खातिर वार्ड कार्यालय मे ३८ लाख रोपेया बजेट पठवले रहे ।
गाँववासी के जानकारी हि ना देके वार्ड अध्यक्ष रामप्रकाश कुवँर अपायक जगहा मे स्वास्थ्य चौकी निर्माण करे लागला से विरोध मे वार्ड कार्यालय मे तालाबन्दी कईल स्थानीय बतवले बाडन ।
उलोग अभी स्वास्थ्य चौकी बनावे लागल जमिन सरस्वती खोला के किनार मे रहला से असुरक्षित जगहा भईल भी बतवले बाडन ।
छलफल के बाद मात्र स्वास्थ्य चौकी बनावेवाला जगहा के टुंगो लगावे खातिर कहल माकिर अध्यक्ष मनोमानी कईला के बाद विरोध मे उतरेके पडल स्थानीय सुशील अधिकारी बतवनी ।
वार्ड अध्यक्ष कुँवर सामुदायिक स्वास्थ्य इकाई के स्तरोन्नती के खातिर हि बजेट आईल आ दाता से उहे जगहा मे नम्बरी जमिन दान मे देहला से उहाँ भवन बनावे लागल बतवनी ।





