मन्त्रालय से पठावल पीसीआर किट काम ना लागल, वीरगंज के ल्याब बन्द

वीरगंज ०९ असाढ

वीरगंज स्थित नारायणी अस्पताल के पीसीआर ल्याब (प्रयोगशाला) किट कमी के चलते बितल ३ दिन से बन्द रहल बा ।

स्वाब परीक्षण के खातिर स्वास्थ्य मन्त्रालय से पठावल पीसीआर किट काम ना लागला के चलते किट के कमी भईला से नारायणी के पीसीआर ल्याब सोमार से संचालन मे नइखे आईल ।

रि–एजेन्ट (पीसीआर किट) आ आरएनए एक्सट्रयाक्सन के कमी मे एतवार के दिने दुपहरिया से पीसीआर ल्याब संचालन मे ना आईल ल्याब प्रमुख डाक्टर नीरा पाठक जानकारी देहनी ।

पिछिलका समय स्वास्थ्य मन्त्रालय से पठावल चिनीया कम्पनी “सनस्योर बायोटेक” के पीसीआर किट अस्पताल के ल्याब मे रहल पीसीआर मेशीन सँगे मेल ना खईला से ल्याब बन्द हि भईल बतवनी ।

उनका मुताविक स्वास्थ्य मन्त्रालय से नारायणी अस्पताल के ल्याब के खातिर “सनस्योर बायोटेक” के ५ सय थान पीसीआर किट पठवले रहे ।

“प्रदेश के मन्त्रालय से आईल किट ओरईला के बाद काठमाण्डु के मन्त्रालय से आईल किट प्रयोग करेके खोजला पर मेसिन से मेल ना खईलख”, कहत उ, “मन्त्रालय मे जानकारी करईला पर अभी होल्ड करेके कहला के बाद एतवार के दुपहरिया से हि ल्याब बन्द बा ।”

प्रदेश सरकार के निहोरा मे संघीय सरकार नारायणी अस्पताल मे बैशाख ३ मे पठावल पीसीआर मेसिन जडान करके बैशाख २३ से पीसीआर ल्याब संचालन मे लिआईल रहे ।

नारायणी अस्पताल के ल्याब मे प्रदेश २ के पर्सा बारा सहित ६ जिल्ला मे संकलन कईल स्वाब के पीसीआर परीक्षण होत आईल रहे ।

अस्पताल के मेडिकल सुपरिटेन्डेन्ट (मेसु) डाक्टर मदन उपाध्याय के मुताविक ल्याब संचालन मे आईल से एने आठ गो कम्पनी के पीसीआर किट स्वास्थ्य मन्त्रालय से पठावल आ उ सभी किट पीसीआर मेसिन से मिलेवाला भईला से प्रयोग मे आईल रहे ।

माकिर पिछिलका समय मन्त्रालय से पठावल “सनस्योर बायोटेक” कम्पनी के पीसीआर किट मेशीन से मिलेवाला ना भईला से स्वाब परीक्षण काम रुकल उ बतवनी ।

अस्पताल श्रोत के मुताविक नेपाली सेना से खरिद करके स्वास्थ्य मन्त्रालय के उपलब्ध करावल “सनस्योर बायोटेक” कम्पनी के पीसीआर किट प्रयोग मे आवे नइखे सकल ।

मन्त्रालय से अस्पताल मे पठावल किट काम नालागल विषय मे स्वास्थ्य मन्त्रालय आ राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला टेकु मे लिखित रुप मे जानकारी करईला पर भी उहाँ से कउनो जवाफ ना आईल मेसु उपाध्याय बतवनी ।

उपाध्याय के मुताविक “सनस्योर बायोटेक”कम्पनी के पीसीआर किट वीरगंज के ल्याब मे मात्र ना होके भरतपुर, हेटौंडा, नेपालगंज आ काठमाण्डु के राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे भी प्रयोग मे आवे नइखे सकल ।

नारायणी के ल्याब मे परीक्षण बन्द भईला से पर्सा सहित अनेकन जिल्ला से संकलन करके अस्पताल मे लियावल १ हजार ३ सय स्वाब, चेकजाँच के खातिर राष्ट्रिय जनस्वास्थ्य प्रयोगशाला मे पठावल मेसु उपाध्याय बतवनी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।