नदी कटान रोके खातिर जरुरी काम हो रहल बा : अध्यक्ष दाहाल

चितवन, २७ असाढ,

नेपाल कम्युनिष्ट पार्टी (नेकपा) के अध्यक्ष पुष्पकमल दाहाल ‘प्रचण्ड’ नारायणी नदी के कटान रोके खातिर जरुरी काम हो रहला से डर मानेके अवस्था ना रहल बतवले बानी ।

भरतपुर महानगरपालिका वार्ड नं २७ आ २८ के सीमाक्षेत्र न्यूरेचोक मे नारायणी से कटान कईल क्षेत्र के आजु निरीक्षण करत उ तत्काल के खातिर अस्थायी समाधान के काम नेपाली सेना, सशस्त्र प्रहरी, नेपाल प्रहरी आ स्थानीयवासी कर रहल बतवनी ।

ई क्षेत्र से प्रतिनिधिसभा मे निर्वाचित सांसद भी रहल दाहाल प्रधानमन्त्री सँगे के आजु के संवाद के छोड के खुद निरीक्षण मे आईल बतवले बानी ।

पार्टी के दोसर अध्यक्ष एवं प्रधानमन्त्री से परामर्श करके खुद निरीक्षण मे आईल अध्यक्ष दाहाल जानकारी देहनी ।

दाहाल खुद निर्वाचित भईल समय से हि राप्ती आ नारायणी मे तटबन्ध सहित के चक्रपथ अगाडि बढावल बतवनी ।

विस्तृत परियोजना प्रतिवेदन आ वातावरणीय प्रभाव मूल्याङ्कन काम हो रहल आ बजेट के खातिर अर्थ मन्त्रालय मे बात हो रहल दाहाल जानकारी देहनी ।

उ सरकार सकारात्मक रहला से उ काम पुरा होखेके विश्वास दिलवनी ।

पानी पडला के बाद शुक से उ क्षेत्र मे नारायणी कटान कईल शुरु कईले बा ।

दाहाल के ई क्षेत्र के प्रदेशसभा सदस्य कृष्ण भुर्तेल आ भरतपुर महानगरपालिका प्रमुख रेनु दाहाल नदी कटान के बारे मे जानकारी करवले रहनी ।

दाहाल आजु माडी नगरपालिका के बाढ प्रभावित अनेकन क्षेत्र के भी निरीक्षण कईले बानी ।

Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *

Back to top button
error: यो समाग्री सुरक्षित छ ।